सीमा रक्षा करेके जिम्मेवारी सीमा मे रहल सभी नागरिक के ह : सशस्त्र प्रहरी महानिरीक्षक अर्याल

सीमा रक्षा करेके जिम्मेवारी सीमा मे रहल सभी नागरिक के ह : सशस्त्र प्रहरी महानिरीक्षक अर्याल

वीरगंज ०९ चईत

सशस्त्र प्रहरी महानिरीक्षक राजु अर्याल सीमा रक्षा सीमा मे रहेवाला सभी के जिम्मेवारी रहल बतवले बानी ।
शुक के दिने वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के सभाहल मे भईल सीमाबासी से सशस्त्र प्रहरी कार्जक्रम अन्तर्गत् राजश्व चुहावट तथा सीमा अपराध नियन्त्रण बतकही कार्जक्रम मे प्रहरी महानिरीक्षक अर्याल ‘सीमा मे रहेवाला सभी सीमा रक्षक हउवन्, सीमा रक्षा के खातिर हमनी सभी के ओतने जिम्मेवार होखेके चाहिं,’ कहत उ, ‘सीमा सुरक्षा के खातिर सभी सुरक्षा निकाय से आपस मे समन्वय भी करेके पडि ।’
सशस्त्र पुलीस के आपन भवन बनावे खातिर देशभर जमिन के कमी रहल बतावत महानिरीक्षक अर्याल उद्योगी व्यवसायीलोग के जमिन खोज देवे खातिर निहोरा कईले रहनी । ‘सशस्त्र पुलीस के देश भर आपन भवन निर्माण करे खातिर जमिन के कमी बा, हम उद्योगी व्यवसायीलोग के सार्वजनिक जमिन खोजे खातिर निहोरा करत बानी,’ कहत उ, ‘सरकार भी जमिन खोजो, भवन बनावेके बजेट हमनी देम कहेलन ।’
सशस्त्र पुलीस के एगो बीओपी पोष्ट से दोसर बीओपी पोष्ट तक सडक निर्माण करेके योजना रहल भी अर्याल बतवनी । ‘एगो बीओपी से दोसर बीओपी तक सडक बनावेके हमनी के योजना बा,’ कहत उ, ‘एकरा खातिर सरकार भी सकारात्मक बा, रास्ता के चलते स्थानीय के आवागमन मे सहजता होखेके आ विकास भी होखी ।’
सीमा मे होखेवाला राजश्व चुहावट के जिम्मेवारी कउनो एगो संस्था के ना होके एमे सभी के भागिदारी होखेके बतावत कहनी, ‘सभी निकाय के लक्ष्य राजश्व चुहावट नियन्त्रण ह ।’ सशस्त्र प्रहरी सीमा मे रहेवाला युवालोग के सशस्त्र पुलीस मे भर्ना मे प्राथमिकता देवेके बतावत महानिरीक्षक अर्याल सशस्त्र प्रहरी के घर बनावे खातिर भा जमिन किने खातिर कम व्याजदर मे कर्जा देवेके तथा सीमा मे रहेवाला लईकालईकीसब के छात्रवृत्ति देवेके लगायत के कल्याणकारी कार्जक्रम लियावे लागल बतवनी ।
तस्करी मे सशस्त्र पुलीस संलग्न बाडन त तत्काल कारवाही करके सेवा से हटावेके प्रतिबद्धता जनावत उ, ‘ओइसन मिलला पर हमनी के तुरुन्त खबर करीं ।’ सहभागी के ओरी से वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के बरिष्ठ उपाध्यक्ष हरी गौतम अवैध कारोबार बढल आ वैध कारोबार हतोत्साही होत गईल बतवनी । उ भारत के जिएसटी से नेपाल के भन्सार के दर मिलावे सकला पर राजश्व चुहावट आ तस्करी निरुत्साहित होखेके बतवनी । गौतम भन्सार मुल्यांकन पद्धती से हुन्डी कारोबार भी बढत गईल आरोप लगवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।