पर्सा राष्ट्रिय निकुञ्ज के खोर मे बाघ के मृत्यु
पर्सा राष्ट्रिय निकुञ्ज के खोर मे बाघ के मृत्यु

वीरगंज १९ चईत
पिछिलका कुछ महिना के समय मे पर्सा राष्ट्रिय निकुञ्ज के खोर मे राखल तीन बाघ के मृत्यु भईल बा ।
चितवन राष्ट्रिय निकुञ्ज आ पर्सा के ठोरी से उद्धार करके लियावल एगो पोथी आ दु गो भाले बाघ के मृत्यु भईल बा । बाघ के मृत्यु सँगे पर्सा राष्ट्रिय निकुञ्ज के खोर खाली भईल बा । पिछिलका बेर बितल असाढ २३ गते चितवन राष्ट्रिय निकुञ्ज से उद्धार करके लियावल आठ बरीस के वयस्क भाले बाघ के मृत्यु भईल पर्सा राष्ट्रिय निकुञ्ज प्रशासन जनवले बा । कुछ दिन से बेमार परल बाघ के खोर मे आहार देवे जाएके समय मे मृत्यु भईल अवस्था मे मिलल पर्सा राष्ट्रिय निकुञ्ज के सूचना अधिकारी सन्तोष आ भगत जानकारी देहनी । दु महिना पहिले पर्सा राष्ट्रिय निकुञ्ज के खोर मे राखल दु बाघ के मृत्यु भईल रहे । दु बाघ राखे सकेवाला क्षमता रहल पर्सा राष्ट्रिय निकुञ्ज के खोर मे तीन गो बाघ राखला पर बहुते दुर्गन्ध फईलल आ छोट भईला से बेमार होके बाघ के मृत्यु भईल हो सकेके पर्सा राष्ट्रिय निकुञ्ज प्रशासन के कहनाम बा ।
उद्धार करके लम्हर समय तक खोर मे राखेके परला से बेमार होके बाघ के मृत्यु भईल निकुञ्ज के प्रमुख संरक्षण अधिकृत रामचन्द्र खतिवडा बतवनी । सन् २०२२ के गणना मुताविक पर्सा राष्ट्रिय निकुञ्ज मे ४१ दुर्लभ पाटेबाघ रहल बा ।






