भरुवा बन्दुक सहित दु जने पकडईलें
भरुवा बन्दुक सहित दु जने पकडईलें

रौतहट २० चईत
चन्द्रपुर नगरपालिका–१ स्थित पौराई से इलाका प्रहरी चन्द्रनिगाहपुर मंगर के दिने भरुवा बन्दुक सहित दु जने के पकडले बा ।
पकडाईल मेसे एक जने के मात्र म्याद थप भईल बा । जिल्ला न्यायाधिवक्ता के कार्यालय गौर दोसर के मुद्दा चलावे ना परेके कहत छोडले बा । भरुवा बन्दुक सहित पौराई के ३५ बरीस के धर्मजित स्याङतान के पकडल इलाका प्रहरी चन्द्रनिगाहपुर जानकारी देहले बा ।
उनका सँगे पकडाईल शेरसिंह गोले के जिल्ला न्यायाधिवक्ता के कार्यालय गौर म्याद थपके मुद्दा चलावे ना परेके कहत छोडल पुलीस जनवले बा । बन्दुक बारे अनुसन्धान हो रहल पुलीस जनवले बा । स्याङतान के हाथहथियार खरखजना मुद्दा मे प्रहरी म्याद थपले बा । ग्रामिणभेग के प्राय शिकार खेले खातिर भरुवा बन्दुक प्रयोग होखेला । एकर अनुमति पत्र (लाईसेन्स) ना होखेला ।






