लायन्स क्लब अफ इन्टरनेशनल के महाधिवेशन चईत २४ गते
लायन्स क्लब अफ इन्टरनेशनल के महाधिवेशन चईत २४ गते

वीरगंज २१ चईत
लायन्स क्लब अफ इन्टरनेशनल डिष्ट्रिक्ट ३२५ एस के दुसरका महाधिवेशन वीरगंज मे होखेके जनावल गईल बा । वीरगंज मे बुध के दिने पत्रकार सम्मेलन करके क्लब चईत २४ गते वीरगंज के होटल क्लार्क मे दुसरका महाधिवेशन करेके जानकारी देहले बा ।
महाधिवेशन के मधेस प्रदेश के मुख्यमन्त्री सरोज कुमार यादव उदघाटन करेके क्लब के राष्ट्रिय अध्यक्ष डीएन अग्रवाल बतवनी । उदघाटन समारोह मे क्लब के पास्ट इन्टरनेशनल डाईरेक्ट लायन जीएस होरा के भी आतिथ्यता रहेके बतवनी ।
महाधिवेशन से लायन्स क्लब इन्टरनेशनल के विधान मुताविक डिष्ट्रिक्ट गभर्नर, फस्ट भाईस डिस्ष्ट्रिक्ट गभर्नर आ सेकेण्ड भाईस डिष्ट्रिक्ट गभर्नर के खातिर नयाँ नेतृत्व चयन भी होखेके आ नयाँ नेतृत्व मे सर्वसम्मत चयन करेके प्रयास होखेके अग्रवाल बतवनी ।
पर्सा, बारा, मकवानपुर, ललितपुर आ काठमाण्डु जिल्ला के एगो जिल्ला के रुप मे गठन कईल लायन्स क्लब अफ इन्टरनेशनल ३२५ एस के करिब चार सय जने प्रतिनिधिलोग वीरगंज मे आवेके क्लब जानकारी देहले बा ।
क्लब के डिष्ट्रिक्ट चिफ पत्रकार वाहेती के अध्यक्षत मे भईल पत्रकार सम्मेलन मे पीएमसीसी रमेश कुमार अग्रवाल, डिष्ट्रिक्ट सेक्रेटरी बासु तिमिल्सिना, एरिया चिफ उमेश शर्मा, टे«जर रामबिहारी पाण्डे लगायत के सहभागिता रहल रहे । पत्रकार सम्मेलन के सहजीकरण लायन विजय कुश्वाहा कईले रहनी ।






