पर्सा मे बिलबिजक से बेसी सामान लादल मालवाहक ट्रक नियन्त्रण मे

पर्सा मे बिलबिजक से बेसी सामान लादल मालवाहक ट्रक नियन्त्रण मे

वीरगंज ०४ बैशाख

जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा ६१ लाख रोपेया से बेसी मूल्य बराबर के दवाई तथा खुद्रा सामान नियन्त्रण मे लेहले बा ।
सोमार के रात घण्टाघर चोकस्थित सडकखण्ड मे चेकजाँच के समय मे ना ६ ख ६५१२ नम्बर के ट्रक बिलबिजक से बेसी दवाई आ खुद्रा सामान लादल मिलला के बाद नियन्त्रण मे लेहल गईल बा ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के सूचना अधिकारी प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमारविक्रम थापा वीरगंज से कञ्चनपुर ओरी जा रहल उ ट्रक बिलबिजक मे उल्लेख भईल से बेसी सामान लादल आ बिल भी शंकास्पद देखल गईला से नियन्त्रण मे लेहल जानकारी देहनी ।
थापा नियन्त्रण मे लेहल ट्रक आउर अनुसन्धान तथा जरुरी कारवाही के खातिर राजश्व अनुसन्धान कार्यालय, बारा मे बुझावल गईल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।