बारा मे दुर्घटना से १० दिन मे २ पुलीस के मृत्यु
बारा मे दुर्घटना से १० दिन मे २ पुलीस के मृत्यु

वीरगंज ०४ बैशाख
बारा मे १० दिन एने दुर्घटना मे दु जने पुलीस जवान के मृत्यु भईल बा । दुनु दुर्घटना जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका अन्तर्गत के राजमार्ग मे भईल बा । हेटौंडा–वीरगंज सडक खण्ड के जीतपुरसिमरा–२१ अमलेखगन्ज मे बितल चईत २३ मे डियुटी मे रहल एगो ट्राफिक प्रहरी के बस ठोकर देहला पर मृत्यु भईल घटना के १० वाँ दिन मे फेनु वार्ड नं १ सिमरा मे दोसर प्रहरी जवान के दुर्घटना मे मृत्यु भईल बा ।
वीरगंज–पथलैया सडक खण्डअन्तर्गत सिमरास्थित नेपाल टेलिकम अगाडि इन्धन लादेवाला ट्यांकर ठोकर देहला पर अछाम जिल्ला चौरपाटी गाँवपालिका–१ घर भइल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे कार्यरत २९ बरीस के प्रहरी जवान दिनेश परियार के ईलाज के समय मे मंगर के दिने मृत्यु भईल इलाका प्रहरी कार्यालय सिमरा के प्रहरी नायब उपरीक्षक चिरञ्जिवी दाहाल बतवनी ।
सोमार के अबेर रात ग १४प ५९७२ नम्बर के मोटरसाइकल मे पथलैया से वीरगंज ओरी जा रहल परियार सवार बाइक आ उहे रास्ता से जा रहल ना७ख २०२६ नम्बर के ट्यांकर एकापस मे ठोकईला पर दुर्घटना भईल प्रहरी नायब उपरीक्षक दाहाल बतवनी । बारा के परवानीपुर गाँवपालिका–५ नौतन बहुअरीस्थित एलएस न्यूरो अस्पताल मे ईलाज के समय मे प्रहरी जवान परियार के मृत्यु भईल बा ।
घटनास्थल प्रहरी कार्यालय से कुछ मिटर दुर बा । ट्यांकर चालक फरार बाडन । ट्यांकर आ बाइक प्रहरी नियन्त्रण मे बा ।
एहितरे १० दिन पहिले चईत २३ गते अमलेखगन्ज मे डियुटी मे रहल पर्सा जिल्ला छिपहरमामाई गाँवपालिका–१ घर भईल २९ बरीस के ट्राफिक प्रहरी जवान मुनटुन यादव के मृत्यु भईल रहे । उनकर वीरगंज स्थित बयोधा अस्पताल मे ईलाज के समय मे दुर्घटना भईल कुछ घण्टा के बाद मृत्यु भईल रहे । काठमाण्डु से पूर्व ओरी जा रहल बा प्र ०१÷६ ख ६१२३ नम्बर के यात्रुबाहक बस मध्यरात मे ठोकर देहला पर जवान यादव के मृत्यु भईल रहे । दुनु घटनाबारे अनुसन्धान होके कानुनी प्रक्रिया अगाडि बढावल गईल प्रहरी नायब उपरीक्षक दाहाल बतवनी ।





