प्राधिकरण पर्सा–बारा औद्योगिक करिडोर के २१२ उद्योग मे जडान कईलख टिओडी मिटर
प्राधिकरण पर्सा–बारा औद्योगिक करिडोर के २१२ उद्योग मे जडान कईलख टिओडी मिटर

वीरगंज ११ बैशाख
नेपाल विद्युत् प्राधिकरण वीरगंज वितरण केन्द्र पर्सा बारा औद्योगिक करिडोर के २ सय १२ उद्योग मे टिओडी (टाइम अफ डे) मिटर जडान कईले बा । केन्द्र प्रमुख अवधेश कुमार दुबे के मुताविक, प्राधिकरण उ उद्योग मे निःशुल्क मिटर जडान कईले बा ।
‘प्रति मिटर करिब ७३ हजार रोपेया लागत रहल ई मिटर प्राधिकरण निःशुल्क जडान कईले बा,’ कहत उ ‘प्राधिकरण आपन जरुरत देखके मिटर के मूल्य से भी एकर उपयोगिता के प्राथमिकता मे राखके ई पहल कईले बा ।’
ई मिटर जडान कईला के बाद प्राधिकरण के कार्यालय से उ उद्योग उपभोग कर रहल विद्युत के परिमाण यकिन करे सकेके दुबे बतवनी । ‘मिटर रिडिङ करे खातिर प्राधिकरण के जनशक्ति अब उ उद्योग परिसर मे पुगेके ना पडि,’ कहत उ ‘प्राधिकरण अनलाइन प्रणाली से उ उद्योग उपभोग कर रहल विद्युत के गुणस्तर आ परिमाण अनुगमन कईला के साथे कार्यालय से अनलाइन बिल भी जारी कर रहल बा ।’
ई मिटर प्रणाली जडान कईला के बाद महिना के अन्त्य भईल मध्यरात १२ बजे स्वचालित रुप मे सम्बन्धित उद्योगसब के मिटर रिडिङ होके बिल जारी होखी । ‘एकरा से एक ओरी प्राधिकरण के जनशक्ति भार कम भईल,’ कहत दुबे, ‘दोसर ओरी उपभोक्ता महिना के ठ्याक्के अन्त्य मे खुद से उपभोग कईल विद्युत के वास्तविक परिमाण आ उ आधार मे जारी भईल बिल भी मिली ।’
एकरा साथे प्राधिकरण के लोड डिस्प्याच सेन्टर से केन्द्र से टिओडी मिटर जडान कईल उद्योगसब से खपत कर रहल विद्युत के गुणस्तर आ परिमाणबारे भी जानकारी मिलेके दुबे बतवनी । ‘काठमाण्डु के कलंकी मे रहल सेन्टर उहाँ से विद्युत आपूर्ति आ खपतबीच के तालमेल मिलावेके काम भी सहजता के साथ कर सकता,’ कहत उ, ‘समग्र मे विद्युत के माग आ खपत अत्यधिक रहल समय मे कउनो उद्योग से निर्धारित से बेसी विद्युत् खपत कर रहल आ ओकरा से विद्युत प्रणाली मे असर करेवाला अवस्था के यकिन करके सेन्टर केन्द्र से निर्देशन देके सचेत भी कर सकता ।’






