सखुवाप्रसौनी के एकडर्वा मे महायज्ञ के खातिर कलश यात्रा निकलल

सखुवाप्रसौनी के एकडर्वा मे महायज्ञ के खातिर कलश यात्रा निकलल

वीरगंज १२ बैशाख

पर्सा के सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नं ६ एकडेर्वा मे होखे जा रहल श्री सप्तचण्डी महायज्ञ के बुध के दिने कलश यात्रा निकालल गईल रहे ।
कलश यात्रा मे श्री सप्तचण्डी महायज्ञ स्थल से ढोल बाजा सहित निकलल कलश यात्रा मे ७ सय ५१ कन्या कुवारीलोग कलश लेके महूवन, बलुवा होत लखनपुर आ सखुवाप्रसौनी के बिच नवरंगिया खोला मे जाके जल भरके फेनु एकडेरवा महायज्ञ स्थल मे पुगके कलश राखल रहे ।
कलश यात्रा मे करिब ५ हजार भक्तजनलोग के सहभागिता रहल सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका अध्यक्ष जसवन्त यादव बतवनी । गाँवपालिका आ देश मे शुख शान्ति आ स्मृद्धि छाओ कहके ई श्री सप्तचण्डी महायज्ञ हो रहल अध्यक्ष यादव बतवनी ।
श्री सप्तचण्डी महायज्ञ बियफे के दिने नेपाल के उपराष्ट्रपति रामसहाय यादव से समुदघाटन करके महायज्ञ के आरम्भ करेके आयोजक कमिटी जनवले बा । जल यात्रा कार्जक्रम मे गाँवपालिका अध्यक्ष जसवन्त यादव, प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत राजेश रौनियार, मेला महायज्ञ समिति अध्यक्ष धर्मेन्द्र ठाकुर लोहार, सचिव मोतिलाल साह कानु, अचार्य मुकुन्द स्वामी, चन्दन सहनी, अभिताबचन प्रसाद, धर्म साह तेली लगायत के सहभागिता रहल रहे ।
श्री सप्तचण्डी महायज्ञ मे नेपाल भारत के अचार्य, कथाबाचक, अयोध्या, बृदाबन के रामलिला, कलकार आ मेला मे मनोरंजन के खातिर मौतकुवा, झुलवा, लगायत खेल तमासा रहल जनावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।