ठोरी छोटी भन्सार कार्यालय आउर सेवा सहित फेनु सञ्चालन मे आईल
ठोरी छोटी भन्सार कार्यालय आउर सेवा सहित फेनु सञ्चालन मे आईल

वीरगंज १९ बैशाख
पर्सा के ठोरी नाका मे बरीसो से बन्द अवस्था मे रहल ठोरी नाकास्थित अमृतधारा छोटी भन्सार कार्यालय बुध से सेवा थप करत फेनु सञ्चालन मे आईल बा ।
पर्सा के दुसरक नाका ठोरी मे अवस्थित छोटी भन्सार कार्यालय के नयाँ भवन निर्माण करके स्तरोन्नति कईल बरीसो बितला पर भी भन्सार विभाग कर्मचारी के व्यवस्थापन ना कईला से उ छोटी भन्सार कार्यालय लम्हर समय से बन्द रहे ।
माकिर अभी संघीय सरकार के मन्त्रिपरिषद बईठक से छोटी भन्सार कार्यालय पुन सञ्चालन मे लियावेके निर्णय कईला से बुध से ठोरी छोटी भन्सार कार्यालय सेवा थप करत फेनु सञ्चालन मे लियावल वीरगंज भन्सार कार्यालय के प्रमुख भन्सार प्रशासक डिलाराम पन्थी बतवनी ।
एकरा से पहिले उ भन्सार कार्यालय सञ्चालन मे रहला समय घरायसी प्रायोजन के खातिर भारत से लियावेवाला अधिकतम १० हजार रोपेया मूल्य के सामान के मात्र भन्सार प्रज्ञापन पत्र काटेके सेवा उपलब्ध रहे । माकिर बुध से उ सेवा सँगे भारत से नेपाल आवेवाला सवारी साधन के अस्थायी पैठारी के अनुमति देवेवाला सेवा भी थप कईल पन्थी बतवनी ।
प्रमुख भन्सार प्रशासक पन्थी के मुताविक बुध से फेनु सञ्चालन मे आईल छोटी भन्सार कार्यालय मे वीरगंज भन्सार कार्यालय नायब सुब्बा अभिषेक सिंह आ एक कार्यालय सहजोगी सहित दु जने कर्मचारी खटवले बा । बुध के दिने आयोजना कईल कार्जक्रम मे चितवन के भरतपुर महानगरपालिका के मेयर रेणु दाहाल रिबन काटके आउर सेवा सहित के भन्सार कार्यालय पुनः सञ्चालन के उदघाटन कईनी ।
लम्हर समय के ईन्तजार के बाद ठोरी छोटी भन्सार कार्यालय आउर सेवा सहित पुनः सञ्चालन मे अईला के बाद ठोरी के व्यापारी, सर्वसाधारण सभी खुसी भईल ठोरी गाँवपालिका के अध्यक्ष लालबहादुर श्रेष्ठ बतवनी । एकरा सँगे भारत से ठोरी नाका होत नेपाल घुमे आवेवाला खास करके भारतीय पर्यटक के संख्या भी अब बढेके उ बतवनी ।
माकिर अब उ पर्यटकलोग ठोरी नाका होत सहजे नेपाल के गन्तव्य मे जाए सकेके भईला से पर्यटक के संख्या भी बढल आ एकरा से ठोरी के बजार, होटल लगायत के व्यवसाय के भी चलायमान बनावेके उ बतवनी ।






