तस्करी के चाँदी सहित वीरगंज मे युवक पकडईलें

तस्करी के चाँदी सहित वीरगंज मे युवक पकडईलें

वीरगंज २३ बैशाख

भारत से तस्करी के चाँनी लेके वीरगंज आरहल युवक के पुलीस पकडले बा । पकडाएवाला मे बारा के फेटा गाँवपालिका–३ के २० बरीस के रोशन सोनार रहल बाडन ।
विशेष सूचना के आधार मे पुलीस चौकी इनर्वा से खटल प्रहरी टोली वीरगंज महानगरपालिका–१६ रजतजयन्ति चोक से सोनार के पुलीस चाँनी के अनेकन गहना सहित पकडले बा ।
रजतजयन्ति चोक मे पुलीस सोनार के रोकके उनकर देह खानतलासी कईला पर उ राखल गम्छा मे पोका पारके राखल २ किलो १७३ ग्राम चाँनी के अनेकन गहना बरामद भईल प्रहरी चौकी इनर्वा के प्रहरी नायब निरीक्षक तेजप्रताप सिंह जानकारी देहनी । चाँनी सहित पकडाईल सोनार के जरुरी कारबाही के खातिर एतवार के दिने वीरगंज भन्सार कार्यालय बुझावल गईल पर्सा के प्रहरी नायब उपरक्षिक कुमार विक्रम थापा जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।