गीता मन्दिर के प्राङ्गण मे कब्जा करके बनावल पक्की भवन उपर वीरगंज महानगर डोजर चलवलख
गीता मन्दिर के प्राङ्गण मे कब्जा करके बनावल पक्की भवन उपर वीरगंज महानगर डोजर चलवलख

वीरगंज २९ बैशाख
वीरगंज महानगर मे रहल मठमन्दिर, पार्क लगायत के सम्पदा के अतिक्रमणमुक्त करत सौन्दर्यकरण मे लागल महानगरपालिका गीता मन्दिर के प्राङ्गण मे अनधिकृत कब्जा करके बनावल गईल पक्की सटरसब भसकवले बा ।
मन्दिर के सौन्दर्यकरण के खातिर महानगरपालिका मन्दिर प्राङ्गण मे करिब डेढ दशक से अनाधिकृत रुप मे कब्जा करके बनावल गईल व्यपारिक सटरसब शनिचर के दिने तीन गो डोजर लगाके भसकवले बा । शनिचर के दिने मन्दिर के मूल प्रवेशद्वार के दाँया–बाँया आ पश्चिम ओरी करके ८ से बेसी सटरसब डोजर लगाके भसकावल महानगर के नगर प्रहरी प्रमुख हरि भुषाल बतवनी ।
एकरा से पहिले शुक के दिने मेयर राजेशमान सिंह गीता मन्दिर मे खुदे पुगके अनाधिकृत सटरसब खाली करे खातिर मन्दिर सञ्चालक समिति के अध्यक्ष मदन गुप्ता के निर्देशन देहले रहलन । मेयर सिंह के निर्देशन मे शनिचर के दिने तीन गो डोजर लगाके उ सटरसब भसकावल मेयर सिंह के सचिवालय सल्लाहकार हरि पोखरेल बतवनी ।
पोखरेल के मुताविक, करिब डेढ दशक से गीता मन्दिर के जमिन मे अनाधिकृत कब्जा करके पक्की सटरसब बनाके सञ्चालक समिति भाडा मे लगवले रहे । जउना के चलते मन्दिर के स्वरुप कुरुप बनल रहे आ सटर के भाडा के हिसाबकिताब भी सञ्चालक समिति के अध्यक्ष गुप्ता खुदे रात आईल रहलन । एक हप्ता पहिले महानगरपालिका मन्दिर प्राङ्गण मे बनावल सटर के हिसाबकिताब के विवरण, सञ्चालक समिति के वैधानिकता लगायत के विषय मे लिखित जानकारी सहित उपस्थित होखेके कहत सञ्चालक समिति के अध्यक्ष गुप्ता के पत्र कटले रहे । माकिर अध्यक्ष गुप्ता सटर के भाडा के बारे मे गोलमटोल जवाफ देहल, समिति वैधानिक भईल प्रमाण भी पेश करे ना सकला के बाद शनिचर के दिने डोजर लगाके पक्की सटरसब भसकावल पोखरेल बतवनी ।
उ कहनी, ‘एक त मन्दिर के सुन्दरता हि तोपाएवाला किसिम से सटरसब बनाके भाडा असुलत आईल रहलन । उ भाडा के हिसाबकिताब महानगर से मागला पर देवे ना सकलन । दोसर बात सञ्चालक समिति हि अवैधानिक रहल मिलल । एक जने आदमी बरीसो से मन्दिर के जायजेथा मे रजाई कईल सिकाईत आईल रहे ।’
मेयर सिंह मन्दिर के जमिन मे अनाधिकृत रुप मे बनावल सटरसब भसका के मन्दिर के आउर सौन्दर्यकरण करे लागल बतवनी । उ कहनी, ‘गीता मन्दिर मात्र ना, महानगर मे रहल हरेक धार्मिकस्थल मे कईल अनाधिकृत कब्जा आ अतिक्रमण महानगर खोजके हटाई ।’
उनका मुताविक, गीता मन्दिर के बगल मे रहल रामजानकी मन्दिर मे करिब चार दशक से निजी आदमी से कईल कब्जा से मन्दिर के मुक्त करके महानगरपालिका सौन्दर्यकरण कर चुकल बा । एहितरे आदर्शनगर के चिल्ड्रेन पार्क के जमिन मे कईल कब्जा भी महानगर हटाचुकल बा । एहितरे गहवामाई मन्दिर, चिनी मिल के जमिन मे निर्मित करिब पाँच दशक पुराना पशुपतिनाथ मन्दिर, घण्टाघर लगायत के सम्पदासब के भी महानगरपालिका सौन्दर्यकरण कईल मेयर सिंह बतवनी । वीरगंज के ‘बैभव वीरगंज’ बनावेके आपन अभियान निरन्तर जारी रहल कहत मेयर सिंह कहनी, ‘सार्वजनिक सम्पदा आ ऐतिहासिक धरोहरसब के सौन्दर्यकरण हमर मुख्य प्राथमिकता मे बा ।’






