वीरगंज महानगर के न्यायिक समितिद्वारा अभिमुखीकरण कार्जक्रम
वीरगंज महानगर के न्यायिक समितिद्वारा अभिमुखीकरण कार्जक्रम

वीरगंज १७ जेठ
वीरगंज महानगरपालिका मे न्यायिक समिति के आयोजना मे अभिमुखीकरण कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
महानगर के सभाकक्ष मे आयोजना कईल अभिमुखीकरण कार्जक्रम मे सहभागीलोग के महानगर के उपमेयर एंव न्यायिक समिति के संयोजक इम्तियाज आलम न्यायिक समिति से प्रदान कईल सेवा, न्यायिक समिति मे करे सकेवाला उजुरी लगायत के विषय मे जानकारी करवले रहनी ।
एहितरे उ अभी तक न्यायिक समिति मे परल मुद्दा, फछर्यौट भईल संख्या बारे मे भी जानकारी करावत समिति मे उजुरी परला के बाद दुनु पक्ष के बोलाके छलफल के माध्यम से सुल्झावल जाला कहके बतवनी ।
कार्जक्रम मे न्यायिक समिति के उजुरी प्रशासक अधिवक्ता धनबहादुर थापा सहजीकरण कईल उपमेयर आलम के प्रेस संयोजक महमद सदाब जानकारी देहनी ।





