बारा पुलीस २७० किेलो गाँजा सहित भारतीय ट्रक आ डाईबर पकडईलें
बारा पुलीस २७० किेलो गाँजा सहित भारतीय ट्रक आ डाईबर पकडईलें

वीरगंज ०५ असाढ
बारा पुलीस २७० किलो गाँजा लादल गाडी सहित एक जने भारतीय के पकडले बा । ईलाका प्रहरी कार्यालय अमलेखगंज बारा से खटल पुलीस टोली जीतपुर सिमरा उप–महानगरपालिका वार्ड नं.२१ अमलेखगंज से २७० किलो प्रतिबन्धित गाँजा सहित एक जने के पकडले बा ।
पकडाएवाला मे ट्रक चालक भारत के बिहार राज्य थाना रामगढवा, ग्राम धनारदिउली रहेवाला अन्दाजी १९ बरीस के अन्तोस कुमार गिरी रहल बाडन । नारायणगढ से पथलैया ओरी आ रहल भारतीय एन एल ०१ एन ३०६३ नम्बर के भारतीय ट्रक के शंका लागके रोकके जाँच कइला पर ट्रक के क्याबिन भितर बक्स बनाके चोरालुका के राखल लागू औषध गाँजा बारामद भईल बारा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायव उपरीक्षक दधिराम न्यौपाने जानकारी देहनी ।
लागूऔषध आ ट्रक सहित नियन्त्रण मे लेहल गिरी के जिल्ला अदालत बारा से ७ दिन के म्याद थप करके अनुसन्धान हो रहल पुलीस जनवले बा ।





