बहिन के हत्या करेवाला भाई पकडईलन
बहिन के हत्या करेवाला भाई पकडईलन

रौतहट ११ असाढ
रौतहट के परोहा नगरपालिका मे बहिन के हत्या करके फरार एक युवक के पुलीस पकडले बा । परोहा नगरपालिका–८ नरकटिया के २० बरीस के तेतरीकुमारी राम के हत्या के आरोप मे दाजु दीपेन्द्रकुमार राम के पकडल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय के डीएसपी एलिजा गिरी जानकारी देहनी ।
घरायसी विवाद मे भाई बहिन उपर एतवार के सँझिया फाँटा से मारके हत्या कईले रहलन । उनका के पुलीस पकडके सोमार के दिने अदालत से म्याद थपले बा ।
घरायसी विवाद मे आवेग मे आके दीपेन्द्र बहिन तेतरी उपर बाँस के फाँटा से मारला पर गम्भीर घायल भईल रहनी । उनकर मुडि मे चोट लागल रहे । ईलाज के समय मे वीरगंज मे तेतरी के मृत्यु भईल पुलीस जनवले बा ।





