जनता अवास कार्जक्रम लेनदेन मे चल रहल : पूर्व संयोजक साह
जनता अवास कार्जक्रम लेनदेन मे चल रहल : पूर्व संयोजक साह

प्रभु यादव
बारा ११ असाढ
बारा मे गरिब पिछडल लोग के खातिर आईल जनता अवास कार्जक्रम लेनदेन मे चलरहल पूर्व संयोजक एवं मधेश प्रदेश सभा के पुर्व सदस्य पारस साह के सिकायत रहल बा ।
नेपाल सरकार से जनता अवास दलित वर्ग के जनता सब खातिर आ महेन्द्र निधि अवास सभे जातजाति के पिछडल गरिब के खातिर दु कोठरी के घर बनादेवे के कार्जक्रम लियावल साह बतवले बानी । अपने जनता अवास बारा के समिति के संयोजक भईल बखत बईठक मे निर्णय भईल जवना से अधिक के फाईल पेश कर के कुछ कर्मचारी सब अनियमित्ता कर रहल बतवले रहनी । समिति से निर्णय भईल कवनो घर निर्माण मे कवनो रकम जनता से ना लेहल गईल रहे साह के दाबी रहल बा ।
जनता अवास के घर बन रहल लोग के समिति बनाके निर्माण करवा के भुक्तानी देहल जात रहे माकिर अभी ठेक्कादार लोग के सहारा के कवनो लोग के बनाके भुक्तानी कईल जारहल साह बतवले बानी । घर जमिन ट्रेक्टर, पक्की घर रहल लोग के निधि अवास देहल गईल बा जवना के बदवलत ५० हजार से एक लाख तक के लेनदेन भईल बात सुनल जारहल सिकायत साह के रहल बा ।
गरिब, विपन्न सिफारीस करेके अधिकार रहल बा जवन धनिक लोग कईल पईसा के चलखेल भईल साह बतवले बानी । पुर्वाधार कार्यालय कलैया बारा के सूचना अधिकृत राजेश प्रसाद चौधरी से जानकारी लेहला पर घर बनावेला छनौट करे खातिर मधेश प्रदेश के वेवसाईड पर कार्यविधि राखल गईल बा पढल जाँव आ विशेष बात निमित्त कार्यालय प्रमुख राजेन्द्र साह से जानकारी होसकता कहके बतवले बानी । प्रमुख साह से जानकारी लेवेके खोजलापर अभि अषाढ बा भिडभाड रहल बा कार्यालय के अन्तिम समय मे समय मिलि तब बातचित कर सकत बानी कहके गैरजिम्मेवार पूर्ण जवाफ देहले बानी ।
जनता सब के घर बनावेला विधायक आ पार्टी के कार्यकर्ता लोग भाग बण्डा मे ठेक्कादार से लेनदेन मे काम के जिम्मेवारी देहल समिति के लोग के कहनाम रहल बा ।






