तास के विषय मे विवाद भईला पर पर्सा मे साथी के हत्या, ३ जने पकडईलें

तास के विषय मे विवाद भईला पर पर्सा मे साथी के हत्या, ३ जने पकडईलें

वीरगंज १५ फागुन

पर्सा मे तास खेलेवाला विषय मे विवाद भईला पर तीन जने मिलके एक जने के हत्या कईल आरोप मे पुलीस तीन जने के पकडले बा ।

तास खेलत समय मे रोपेया पईचा ना देहल कहत विवाद भईल आ उहें टेंट मे एक युवक के हत्या भईल पुलीस के कहनाम बा । हत्या आरोप मे तीन जने के पकडके जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा बियफे के दिने सार्वजनिक कईले बा ।

पकडाएवाला मे वीरगंज महानगरपालिका–२७ उदयपुर घुर्मी के १९ बरीस के मुकेशप्रसाद यादव, उहे जगहा के १९ बरीस के अरुणकुमार यादव आ १९ बरीस के मुना तिवारी रहल बाडन । उलोग तीनु जने के ११ फागुन मे पकडके आजु बियफे के दिने पुलीस सार्वजनिक कईले बा । उलोग उहे जगहा के १९ बरीस के इशालप्रसाद कुर्मी के हत्या कईल आरोप बा ।

७ फागुन मे वीरगंज महानगरपालिका–२७ उदयपुर घुर्मी के १९ बरीस के इशालप्रसाद कुर्मी वीरगंज बजार जाएम कहके निकलल रहलन । माकिर बेटा घर फिर्ता ना भईला के बाद उनकर बाबु जोगिन्द्र प्रसाद बिहान भईला ८ फागुन मे खोजतलास के खातिर पुलीस मे उजुरी देहले रहलन । हुलिया सहित उजुरी देहला पर भी उनका के पुलीस खोजी करे ना सकल ।

भुलाईल कहल ४ दिन के बाद ११ फागुन मे स्थानीय भेडैया खोला मे एक युवक के लास छताईल कहत पुलीस के सूचना आईल रहे ।

उ लास ७ गते से भुलाईल उहे इशालप्रसाद के रहल कहत उनकर बाबु सनाखत कईले रहलन । बजार जाएम कहके निकलल इशालप्रसाद के हत्या भईल आशंका करत पुलीस अनुसन्धान अगाडि बढवले रहे । घटनास्थल से पुलीस के मृतक के पर्स, साइकल, चप्पल, मोबाइल फुन के टेम्पर ग्लास मिलल रहे ।

उ समय मे तीन जने साथीलोग के पकडल गईल पर्सा के एसपी गौतम मिश्र बतवनी । हत्या के कारण तास के विषय जुडल उ बतवनी । उलोग चार जने तास खेलत रहल कहके मिलल बतवनी । तास खेलेके समय मे रोपेया पईचा मागला पर विवाद भईल रहे । इशाल रोपेया लेजाके ना देहल कहत बिवाद भईल पुलीस के कहनाम बा ।

उ विषय मे विवाद उग्र भईला के बाद तीन जने मिलके सँझिया करिब ६ः१० बजे इशाल के हत्या कईल एसपी मिश्र बतवनी ।

मृतक के मोबाइल पुलीस मुकेश के साथ से बरामद कईल बा । उलोग सुरु मे गाछि मे मुडि लडा के घायल बनावल आ बाद मे सर्ट से घेंट कसके हत्या कईल उलोग पुलीस मे बयान देहले बाडन ।

ओकरा बाद सर्ट से हाथ पछाडि करके बान्हके खोला मे बिगले रहलन । मृतक के साइकल भी घटनास्थल खोला मे छोडल रहे । पकडाईल उलोग विरुद्ध कर्तव्य ज्यान के कसुर मे पर्सा जिल्ला अदालत से ६ दिन के म्याद लेके अनुसन्धान अगाडि बढवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।