वीरगंज मे १९२ स्वाब परीक्षण कईला पर ८८ जने मे संक्रमण

वीरगंज ०९ बैशाख

वीरगंजस्थित उच्च अदालत अस्थायी इजलाश के दु जने न्यायाधीश आ १३ जने कर्मचारी करके १५ जने मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा । वीरगंजस्थित नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे बुध के रात कईल परीक्षण मे संक्रमण पुष्टि भईल ८८ जने मेसे उच्च अदालत अस्थायी इजलाश वीरगंज के दु न्यायाधीश आ १३ जने कर्मचारी करके १५ जने मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।

उच्च अदालत अस्थायी इजलाश वीरगंज के १०६ जने के स्वाब संकलन कईल रहे । उमेसे ८० जने के स्वाब, बुध के रात नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे पीसीआर परीक्षण कईला पर दु न्यायाधीश सहित १५ जने मे संक्रमण मिलल बा ।

१०६ मेसे २६ जने के स्वाब परीक्षण के रिपोर्ट आवेके बाँकी रहल स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के स्वास्थ्य निरीक्षक जयमोद ठाकुर जानकारी देहनी । नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे बुध के रात कुल १ सय ९२ जने के स्वाब नमूना के पीसीआर परीक्षण कईला पर ८८ जने मे कोरोना भाइरस संक्रमण मिलल बा ।

उ मेसे पर्सा के ७९ जने रहल बाडन । पर्सा के ७९ जने मेसे ७६ जने वीरगंज महानगरपालिका के बाडन । बाँकी ३ जने पर्सा के बहुदारमाई नगरपालिका के बाडन । एहितरे बारा जिल्ला के ७, रौतहट आ रुकुम जिल्ला के १÷१ जने मे भी सङ्क्रमण पुष्टि भईल नारायणी अस्पताल के कोभिड संयोजक डा. सरोज रोशन दास जानकरी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।