पत्रकारलोग उपर आक्रमण, दोषी के तत्काल कानुनी कारबाही करेके माग
पत्रकारलोग उपर आक्रमण, दोषी के तत्काल कानुनी कारबाही करेके माग

वीरगंज ०२ बैशाख
नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा अगाडि मंगर के सँझिया हिन्दुवादीलोग से कईल प्रदर्शन के समाचार संकलन करेके समय मे आक्रमण मे परके पत्रकारलोग के घायल बनावेवाला दोषीलोग उपर कारबाही के माग कईले बा ।
मंगर के सँझिया जिल्ला प्रहरी कार्यालय अगाडि हिन्दुवादीलोग से कईल प्रदर्शन के समाचार संकलन कर रहल पत्रकार एभी न्युज टिभी के अर्जुन गुप्ता, मध्य नेपाल सन्देश के अनिल ओेझा आ चन्द्रसूर्य वाणी के धिरेन्द्र तिवारी घायल भईल बाडन । गुप्ता के मुडि फुटल बा आ ओझा आ तिवारी के गोड मे गम्भीर चोट लागल बा ।
पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा मंगर के रात एक विज्ञप्ति जारी करके पत्रकारलोग घायल भईल घटना उपर गम्भीर ध्यानाकर्षण भईल जनवले बा । समाचार संकलन के समय मे पत्रकारलोग उपर भईल आक्रमण के दोषीलोग के पहिचान करके कानुनी कारबाही के दायरा मे लियावे खातिर पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा माग कईले बा । साथे प्रदर्शन के समाचार सामग्री संकलन कर रहल सञ्चारकर्मीलोग पथल आ पुलीस के लाठीचार्ज के निशाना मे परल बहुते दुःखद आ खेदजनक रहल पत्रकार महासंघ जनवले बा ।
आम नागरिक आ पत्रकार के सुरक्षा के जिम्मेवारी लेहल पुलीस प्रशासन समाचार संकलन मे खटल सञ्चारकर्मी के सुरक्षित आ भयरहित तरिका से समाचार संकलन आ सम्प्रेषण करेके वातावरण के ग्यारेन्टी करेके भी पत्रकार महासंघ पर्सा माग कईले बा ।
एहितरे ई घटना के बिरोध मे प्रेस चौतारी नेपाल पर्सा, प्रेस सेन्टर नेपाल पर्सा, श्रमजीबी पत्रकार संघ नेपाल पर्सा दुःख व्यक्त करत घटना के निन्दा कईले बा । कउनो भी बहाना मे पत्रकार उपर के आक्रमण सह्य ना होखेके बतावत घटना मे संलग्न दोषीलोग के तत्काल पकडके कानुनी कारवाही करेके माग कईले बा ।





