नेपाल पूर्व प्रहरी संगठन बारा के अध्यक्ष मे फेरसे यादव चयन
नेपाल पूर्व प्रहरी संगठन बारा के अध्यक्ष मे फेरसे यादव चयन

प्रभु यादव
बारा २० बैशाख
नेपाल पूर्व प्रहरी संगठन जिल्ला कार्य समिति बारा के अध्यक्ष मे दुसरका कार्यकाल खातिर जंगबहादुर यादव सर्वसहमती से चयन भईल बानी ।
उपाध्यक्ष मे खलिल मिया, विरबहादुर अहिर, सचिव मे विरेन्द्र प्रसाद यादव, सह–सचिव मे गिरीराज वाग्ले, कोषाध्यक्ष मे दिनेश प्रसाद कुशवाहा, सह–कोषाध्यक्ष मे जयमंगल यादव सर्वसहमती से चयन भईल बानी ।
कार्य समिति सदस्य मे अरूदेव प्रसाद यादव, बद्री प्रसाद पाण्डे भुमिहार, पन्नालाल प्रसाद यादव, शेख ईसलाम, पारवती देवी सोनार आ जहुर मियाँ धुनिया सर्वसहमत चयन भईल बानी ।
नेपाल पूर्व प्रहरी संगठन जिल्ला कार्य समिति बारा के आयोजना मे गोपाल सेवा समिति के भवन मे कार्जक्रम कर के समिति गठन कईल गईल रहे ।
संगठन मे बारा के एक सय १९ जने सदस्य रहल संगठन के तीन वरीस के खातिर नयाँ कार्य समिति चयन भईल बा ।
बारा जिल्ला के पूर्व प्रहरी कर्मचारी सभे के हकहित खातिर भईल सम्मेलन कार्जक्रम मे अधिवेशन सम्पन्न भईल बा ।





