पर्सा–२ से रास्वपा उम्मीदवार सुशील कानु के पर्सागढी–९ एकटांगा में जोरदार घरदैलो अभियान

पर्सा–२ से रास्वपा उम्मीदवार सुशील कानु के पर्सागढी–९ एकटांगा में जोरदार घरदैलो अभियान

वीरगंज १९ माघ

पर्सा जिला क्षेत्र नम्बर–२ से राष्ट्रीय स्वतन्त्र पार्टी (रास्वपा) के उम्मीदवार सुशील साह कानु आजु बिहनिया चुनावी घरदैलो कार्यक्रम के क्रम में पर्सागढी नगरपालिका वडा नम्बर–९ एकटांगा घरदैलो कार्यक्रम कईले बानी।

घरदैलो अभियान के दौरान सुशील साह कानु स्थानीय जनता से सीधा भेंट–मुलाकात कइनी आ पार्टी के नीति, सिद्धान्त आ चुनावी एजेण्डा पर जानकारी देहनी। उहाँ स्थानीय बासिन्दा से भ्रष्टाचार मुक्त शासन, सुशासन, रोजगारी आ क्षेत्र के समग्र विकास खातिर समर्थन मांगनी।

कार्यक्रम में रास्वपा के स्थानीय नेता–कार्यकर्ता आ समर्थकन के उल्लेखनीय उपस्थिति रहे। जनता के बीच सुशील कानु के अभियान के प्रति सकारात्मक उत्साह देखे के मिलल, जहाँ कई लोगन बदलाव के राजनीति खातिर समर्थन के भरोसा दिलवले।

रास्वपा उम्मीदवार सुशील साह कानु कहनी कि जनता के सीधा जुड़ाव से ही साँचो बदलाव सम्भव बा आ उहाँ चुनाव जीत के बाद पर्सा–२ के आवाज संसद तक मजबूती से उठावे के प्रतिबद्धता दोहरवनी।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।