अलौं में गूंजल ‘जय घण्टी’ : शुशिल साह कानु के घर–घर जनसम्पर्क में देखाइल जबरदस्त उत्साह

अलौं में गूंजल ‘जय घण्टी’ : शुशिल साह कानु के घर–घर जनसम्पर्क में देखाइल जबरदस्त उत्साह

वीरगंज ५ फागुन

पर्सा इलाका के राजनीतिक माहौल धीरे–धीरे गरम होत जा रहल बा। एह बीच राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी (रास्वपा) के उम्मीदवार शुशिल साह कानु के चुनावी घर–घर जनसम्पर्क कार्यक्रम वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १७ अलौं में सफलतापूर्वक संपन्न भइल।
घरदैलो कार्यक्रम के दौरान उम्मीदवार कानु स्थानीय मतदाता लोग से सीधा संवाद कइले आ आपन चुनावी एजेन्डा सामने रखले। कार्यक्रम में रास्वपा समर्थक लोग घण्टी बजावत ‘जय घण्टी’ के नारा लगावत माहौल के जोश से भर देले। पूरा इलाका चुनावी रंग में रंगाइल नजर आइल।
कानु कहलन कि सुशासन, पारदर्शिता, भ्रष्टाचार पर नियंत्रण आ जनउत्तरदायी शासन उनकर मुख्य प्राथमिकता बा। ऊ जोर देके कहलन कि “राजनीति सेवा खातिर होला, सत्ता खातिर ना।” उनका मुताबिक, परम्परागत राजनीति से निराश जनता अब वैकल्पिक शक्ति के मौका देवे के चाहत बा।
घर–घर पहुंच के स्थानीय बासिन्दा लोग रोजगारी, सड़क–पूर्वाधार, शिक्षा आ स्वास्थ्य जइसन बुनियादी मुद्दा उठवले। एह पर कानु आश्वासन देले कि क्षेत्र के विकास योजनाबद्ध तरीका से आगे बढ़ावल जाई आ जनता के जरूरत के प्राथमिकता दीहल जाई।
पिछला कुछ दिन से वीरगंज समेत पर्सा जिला में चुनावी सरगर्मी तेज हो गइल बा। अलग–अलग दल के उम्मीदवार घरदैलो आ सभा–सम्मेलन के माध्यम से मतदाता के रिझावे में जुटल बाड़ें। अलौं में रास्वपा के एह कार्यक्रम से साफ संकेत मिल रहल बा कि क्षेत्र के राजनीतिक माहौल अब अउरी गरमाए वाला बा।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।