अलौं में कांग्रेस के जोश: अजय चौरसिया के घरदैलो से तेज भइल चुनावी अभियान

अलौं में कांग्रेस के जोश: अजय चौरसिया के घरदैलो से तेज भइल चुनावी अभियान

वीरगंज, १३ फागुन

नेपाली कांग्रेस के प्रतिनिधिसभा सदस्य पद के उम्मीदवार अजय कुमार चौरसिया आज पर्सा जिला के वीरगञ्ज महानगरपालिका वडा नं. १७ अलौं में जोरदार चुनावी प्रचार–प्रसार आ घरदैलो कार्यक्रम कईनी।

घर–घर पहुंच के चौरसिया मतदाता लोग से भेंट कइनी आ इलाका के विकास, रोज़गार, सड़क–नाली, शिक्षा आ स्वास्थ्य सेवा के सुधार के भरोसा दिलवनी। ऊ कहलें कि वीरगंज जइसन महत्वपूर्ण व्यापारिक शहर के योजनाबद्ध विकास खातिर अनुभवी नेतृत्व जरूरी बा।

मतदाता लोग से कांग्रेस के चुनाव चिन्ह पर मतदान करे के अपील करत ऊ कहलें, “रउआ सभे के समर्थन से अलौं समेत पूरा क्षेत्र के विकास के नया दिशा देहल जाई।”

घरदैलो कार्यक्रम में स्थानीय अगुवा, युवा, महिला आ समर्थक लोग के सक्रिय सहभागिता रहल। अलौं में आज के कार्यक्रम से कांग्रेस के पक्ष में चुनावी माहौल अउरी गरम हो गइल बा।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।