रास्वपा के सुशील कानु के भारी जीत, १८ हजार से अधिक मत से बनल सांसद
रास्वपा के सुशील कानु के भारी जीत, १८ हजार से अधिक मत से बनल सांसद

वीरगंज २३ फागुन
पर्सा निर्वाचन क्षेत्र नंबर–२ से प्रतिनिधि सभा सदस्य पद पर राष्ट्रीय स्वतन्त्र पार्टी (रास्वपा) के उम्मीदवार सुशील कुमार कानु शानदार जीत हासिल कइले बाड़न। ऊ अपना नजदीकी प्रतिद्वन्द्वी नेकपा एमाले के उम्मीदवार रीमा कुमारी यादव के १८ हजार ९७१ मत के भारी अंतर से हरावत सांसद बन गइल बाड़न।
निर्वाचन परिणाम अनुसार ३६ बरिस के कानु कुल ३० हजार ७२२ मत हासिल कइके विजयी भइलें, जबकि एमाले के यादव के ११ हजार ७५१ मत मिलल। उधर नेपाली कांग्रेस के उम्मीदवार आ पूर्व कानून मंत्री अजय कुमार चौरसिया ११ हजार ४९६ मत के साथ तीसरा स्थान पर सीमित रह गइले।
नव निर्वाचित सांसद कानु एह से पहिले २०७९ के स्थानीय तह चुनाव में वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नंबर–१० से वडाध्यक्ष बनल रहले। ओ समय ऊ जसपा नेपाल से चुनाव जीतले रहले, लेकिन एह साल माघ ५ गते ऊ रास्वपा में शामिल हो गइले।
दूसरी ओर कांग्रेस उम्मीदवार चौरसिया पर्सा क्षेत्र नंबर–२ आ ३ से मिलाके तीन बेर सांसद बन चुकल बाड़न। एह बार ऊ सातवीं बेर चुनावी मैदान में उतरल रहले, लेकिन सफलता ना मिल सकल। २०७९ के चुनाव में चौरसिया पर्सा–२ से जसपा नेपाल के उम्मीदवार सुरेन्द्र कुर्मी के पाँच हजार से अधिक मत से हराके सांसद बनल रहले।
पर्सा–२ के ताजा नतीजा से रास्वपा कार्यकर्ता में खुशी के माहौल देखे के मिल रहल बा।






