बिटी के खुशी में साथ बनल कानु यूथ, गरीब परिवार के मदद कर पेश कईल मानवता के मिसाल

बिटी के खुशी में साथ बनल कानु यूथ, गरीब परिवार के मदद कर पेश कईल मानवता के मिसाल

वीरगञ्ज २५ बैशाख

वीरगंज महानगरपालिका वडा नं. १५ लक्ष्मणवा में एगो गरीब परिवार के बिटी के छेका कार्यक्रम में स्थानीय युवा समूह “कानु यूथ” द्वारा मानवीय सहयोग कइल गइल बा। आर्थिक रूप से कमजोर परिवार के कपड़ा–लत्ता आ जरूरी सामान उपलब्ध कराके युवाजन समाजिक जिम्मेवारी के उदाहरण पेश कईले बाड़ें।
सहयोग अभियान के माध्यम से समाज में आपसी भाईचारा, सहयोग आ मानव सेवा के भावना बढ़ावे के उद्देश्य राखल गइल रहे। स्थानीय लोग भी कानु यूथ के एह सराहनीय पहल के खुल के प्रशंसा कईले बा।
एह सहयोग कार्यक्रम में रामरुप साह कानु, दिपु साह कानु, मनोज साह, धिरज साह कानु, राज कुमार कानु, अर्जुन साह कानु, सर्फु साह कानु, रामबाबु साह कानु, निरन्जन कुमार साह, राहुल गुप्ता, सन्जित कुमार साह, जयशंकर गुप्ता, बाल्मिकी साह कानु, शिव बालक साह, घनश्याम प्रसाद, सन्तोष कुमार साह, किशोरी साह कानु, धर्मेन्द्र साह कानु, दिपु गुप्ता, अरबिन्द गुप्ता, अमित राज साह आ कन्हैया लाल गुप्ता सहित कई गो लोग के सक्रिय सहभागिता रहल।
ओही तरह कानु यूथ के सदस्य सन्तोष साह कानु, मनोज साह कानु, देवेन्द्र साह कानु, धिरज साह कानु आ दिपु साह कानु कार्यक्रम के सफल बनावे में विशेष भूमिका निभवले।
स्थानीय स्तर पर युवाजन के ई सामाजिक पहल समाज में सकारात्मक संदेश देवे वाला प्रेरणादायी उदाहरण बनल बा।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।