शिक्षा क्षेत्र में ह्युमन लभ च्यारिटी फण्ड के महत्वपूर्ण सहयोग
शिक्षा क्षेत्र में ह्युमन लभ च्यारिटी फण्ड के महत्वपूर्ण सहयोग

वीरगञ्ज २५ बैशाख
ह्युमन लभ च्यारिटी फण्ड द्वारा पर्सा जिला के धोबिनी गाउँपालिका वडा नं. ५ स्थित श्री अजीज मियाँ माध्यमिक विद्यालय में पढ़े वाला कक्षा १ से ९ तक के वार्षिक परीक्षा में प्रथम, द्वितीय आ तृतीय स्थान हासिल करे वाला विद्यार्थी सब के पुरस्कार वितरण कार्यक्रम सम्पन्न भइल बा।
विद्यार्थी सब के हौसला अउरी बढ़ावे के उद्देश्य से आयोजित एह कार्यक्रम में उत्कृष्ट नतिजा लियावे वाला छात्र-छात्रा सब के सम्मानित कइल गइल। एकरा साथे विद्यालय के शैक्षिक वातावरण के अउरी सहज आ प्रभावकारी बनावे खातिर संस्था द्वारा शैक्षिक सत्र २०८३ भर विद्यालय में जरूरत पड़े वाला मार्कर आ ओकर इंक के पूरा खर्च उठावे के निर्णय भी जानकारी दिहल गइल।
एह सामाजिक आ शैक्षिक सहयोग के सराहना करत श्री अजीज मियाँ माध्यमिक विद्यालय परिवार द्वारा ह्युमन लभ च्यारिटी फण्ड के सम्मानित भी कइल गइल। संस्था के कहनाम बा कि मिलल एह सम्मान से समाज आ शिक्षा प्रति अउरी जिम्मेदारी, सक्रियता आ समर्पण के भावना मजबूत भइल बा।
कार्यक्रम में विद्यालय व्यवस्थापन समिति के अध्यक्ष मनौवर अहमद, प्रधानाध्यापक जितेन्द्र राम, समाजसेवी फैयाज अन्सारी, संस्था के प्रमुख सल्लाहकार मुकेश पटेल, कोषाध्यक्ष दिपेन्द्र चौधरी सहनी, सचिव म. रिजवान अन्सारी, वित्तीय सल्लाहकार म. खालिद अन्सारी सहित शिक्षक आ सञ्चारकर्मी सभ के उपस्थिति रहल।






