वीरगंज में सनातन हिन्दू मोर्चा के गरजल कार्ययोजना बैठक, धर्म आ राष्ट्र खातिर एकजुट होखे के आह्वान
वीरगंज में सनातन हिन्दू मोर्चा के गरजल कार्ययोजना बैठक, धर्म आ राष्ट्र खातिर एकजुट होखे के आह्वान

वीरगंज, २ जेठ
सनातन हिन्दू मोर्चा पर्सा आ बारा जिला के अगुवन के बृहत कार्ययोजना बैठक आज वीरगंज स्थित रानीसती मन्दिर में सम्पन्न भइल बा। बैठक में संगठन के भावी योजना, धार्मिक-सामाजिक अभियान आ राष्ट्रहित से जुड़ल विभिन्न मुद्दा पर गहन चर्चा भइल।
मोर्चा के अगुवन कहलन कि संगठन के मूल उद्देश्य धर्म, संस्कृति आ सामाजिक एकता के मजबूत बनावत हिमाल, पहाड़, तराई आ मधेश सभे क्षेत्र के लोगन के एक परिवार में जोड़ल बा। साथे राष्ट्र, सनातन धर्म आ समृद्ध नेपाल खातिर पूर्ण समर्पण के भावना से काम करे पर जोड़ दिहल गइल।
बैठक में बोलत विभिन्न वक्ता लोग धर्म परिवर्तन, गौ हत्या आ तस्करी, लव जिहाद, गुरुकुल स्थापना, सामाजिक विकृति, कुप्रथा, भ्रष्टाचार, सरकारी आ निजी क्षेत्र में होखत अनियमितता, सांस्कृतिक धरोहर संरक्षण, राष्ट्रीयता आ नेपाली पहिचान जइसन मुद्दन पर सशक्त ढंग से अभियान चलावे के आवश्यकता बतवलन।
सनातन हिन्दू मोर्चा पर्सा जिला अध्यक्ष एवं हनुमान मन्दिर कुम्हालटोल के महन्थ हनुमान दास के सभापतित्व में सम्पन्न कार्यक्रम में मोर्चा के केन्द्रीय अध्यक्ष संतोषानन्द महाराज, केन्द्रीय उपाध्यक्ष संजय अग्रवाल, सुबाश शाही, सह-महामन्त्री उमेश साह कानु, साहेब ठाकुर, कोषाध्यक्ष अधिवक्ता विनोद प्रसाद कुर्मी लगायत दर्जनों केन्द्रीय आ जिल्ला स्तर के पदाधिकारी लोग के उपस्थिति रहल।
एह अवसर पर अगिला दिन में राष्ट्रीय सम्मेलन, प्रशिक्षण कार्यक्रम, धार्मिक सम्मेलन, सामाजिक अभियान आ संगठन विस्तार के योजना पर बृहत छलफल कइल गइल।





