लापरवाही के हद : नागरिक आरोग्य सेवा केन्द्र गापा सहजोगी के भर मे सञ्चालन, नियमनकारी निकाय मौन !

लापरवाही के हद : नागरिक आरोग्य सेवा केन्द्र गापा सहजोगी के भर मे सञ्चालन, नियमनकारी निकाय मौन !

वीरगंज ३० जेठ

पर्सा के जिराभवानी गाँवपालिका वार्ड नं. ३ जितपुर मे प्रादेशिक आयुर्वेद तथा वैकल्पिक चिकित्सालय अन्तरगत सञ्चालन नागरिक आरोग्य सेवा केन्द्र कार्यालय सहजोगी के भर मे चलरहल बा ।

ॐसेवा केन्द्र मे पुग्ला पर जिराभवानी गाँवपालिका के कार्यालय सहजोगी राकेश प्रसाद गुरो मात्र रहलन आ सेवाग्राही सभे के आयुर्वेद दवाई देहल देखल गईल रहे ।
कार्यालय सहजोग गुरो से जानकारी लेहला पर आयुर्वेद चिकित्सक वैध राजाराम यादव प्रादेशिक आयुर्वेद तथा वैकल्पिक चिकित्सालय वीरंगज गईल बानी कहके जानकारी करवनी । हम गाँवपालिका के कार्यालय सहजोगी कारार के कर्मचारी रहल बानी पालिका हमरा के दु महिना से सेवा केन्द्र मे काम करेके पठवले बा दवाई सम्बन्धि कवनो जनकारी ना भईल गुरो बतवले रहनी ।

बैध यादव ना भईला से हम फुन कर के बुझ के सेवाग्राही लोग के दवाई देहल बानी गुरो के कहनाम रहल रहे । शुक के दिने स्थानिय सेवाग्राही उपेन्द्र गौरा, मुकेश महतो, रिमा श्रीवास्तव के समस्या के सम्बन्ध मे बुझ के दवाई देहले बानी कास बतवले बाडन ।

सेवा केन्द्र के वैध राजाराम यादव से फुन मार्फत जानकारी लेहला पर हम प्रादेशिक आयुर्वेद तथा वैकल्पिक चिकित्सालय विरंगज मे जनचेतनामुलक तालिम मे सहभागी होखे आईल जानकारी करवले बानी ।

हम हरदिन सेवा केन्द्र मे समय मे पुग कर के सेवा प्रदान करेनी माकिर कार्यालय सहजोगी प्रमेश्वर साह कानु प्रदेशिक आयुर्वेद तथा वैकल्पिक चिकित्सालय वीरंगज से मिलल रहल माकिर फिर उहे काज मे फिर्ता लेगईल बानी बैध यादव बतवले बानी ।

करिब एक वरिस से अधिक समय अकेले सेवा केन्द्र चलावले रहनी गापा से निहोरा कईला पर एक जने कास के सहजोग करेला भेज देहले बा यादव के कहनाम रहल बा ।

प्रादेशिक आयुर्वेद तथा वैकल्पिक चिकित्सालय वीरंगज के कार्यालय प्रमुख डाक्टर शिवनारायण प्रसाद गुप्ता से जानकारी लेवेला फुन कईला पर प्रतिक्रिया ना देवेके मननी । सुचना अधिकारी डाक्टर दिनेश साह के फुन कईला पर ना उठल ।

चिकित्सकलय मे कवनो गोष्ठी आ तालिम ना भईल समाचार स्रोत बतवले बा । आदमी के जिवन आ मृत्यु से जुडल दवाई एक जने कार्यालय सहजोगी देरहल बाडन, अगर कउनो गलत दवाई केहु खाई त केतना असर पडि ?

स्थानिय सचेतलोग के कहनाम रहल बा । अईसन हो रहला पर भी नियमनकारी निकाय मौन रहला से तत्काल अईसन कर्मचारी उपर कारवाही करे खातिर स्थानियलोग माग कईले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।