कोरोना महामारी रोके खातिर १५ जिल्ला मे निषेधाज्ञा

काठमाण्डु २१ सावन

कोरोना महामारी रोके खातिर देश के १५ जिल्ला के अनेकन क्षेत्र मे निषेधाज्ञा लगावल गईल बा ।

गृह मन्त्रालय के मुताविक सप्तरी, धनुषा, नुवाकोट, बाँके, मोरङ, पर्सा, बारा, महोत्तरी, झापा, सुनसरी, बझाङ, दार्चुला, सर्लाही आ स्याङ्जा जिल्ला के अनेकन क्षेत्र मे निषेधाज्ञा जारी कईल बा ।

सप्तरी, बाँके, पर्सा, बारा, सर्लाही आ स्याङ्जा जिल्लाभर निषेधाज्ञा जारी भईल बा ।

पर्सा, बारा आ सर्लाही मे अनिश्चितकालीन निषेधाज्ञा बा आ सप्तरी मे सावन २६, बाँके मे सावन २४ आ स्याङ्जा मे सावन २३ गते तक निषेधाज्ञा तोकल गईल बा ।

झापा के बिर्तामोड आ अर्जुनधारा नगरपालिका क्षेत्र, मोरङ के विराटनगर महानगरपालिका, सुनसरी के बराह क्षेत्र नगरपालिका के वार्ड नम्बर ६,७ आ ८ मे निषेधात्रा लगावल मन्त्रालय जनवले बा ।

एहितरे महोत्तरी के जलेश्वर नगरपालिका आ महोत्तरी गाँवपालिका क्षेत्र, धनुषा के जनकपुरधाम उपमहानगरपालिका आ क्षीरेश्वरनाथ नगरपालिका, नुवाकोट के सदरमुकाम क्षेत्र, बझाङ के थलारा गाँवपालिका–५ आ केदारस्यू गाँवपालिका ६ आ ७ मे निषेधाज्ञा लगावल गईल बा ।

दार्चुला के मार्मा गाँवपालिका क्षेत्र मे भी निषेधाज्ञा जारी कईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।