छिपहरमाई गा.पा. मे नेकपा के १५१ सदस्यीय संघर्ष समिति गठन

वीरगंज २५ पुस
नेपाल कम्युष्टि पार्टी (नेकपा) प्रचण्ड–माधव समुह के छिपहरमाई गाँवपालिका स्तरिय अगुवा कार्यकर्ता भेला आजु (सेढा) टिहुकी मे पुरा भईल बा ।
गाँवपालिका कमिटी के अध्यक्ष मुक्तिनारायण साह के अध्यक्षता मे भईल उ भेला के प्रमुख अतिथि पार्टी जिल्ला कमिटी सचिव बिजय प्रसाद महतो, विशिष्ट अतिथि प्रदेश नं. २ के सदस्य छोटेलाल यादव, अतिथि मे जिल्ला कमिटी सदस्य मोतिलाल यादव लगायत के सहभागीता रहल रहे ।
भेला से मुक्तिनारायण साह के संयोजकत्व मे १५१ सदस्यीय संघर्ष समिति गठन भईल बा । जेकर सचिव मे पप्पु प्रसाद यादव लगायत रहल बाडन ।






