पर्सा के जगरनाथपुर मे आउर १७ जने मे कोरोना संक्रमण

वीरगंज ३१ बैशाख

समुदाय मे कोरोना संक्रमण फईलल पर्सा के जगरनाथपुर गाँवपालिका–५ चिलझप्टी मे आउर १७ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । नारायणी अस्पताल के पीसीआर प्रयोगशाला मे कईल पीसीआर परीक्षण मे उलोग मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

२७ बैशाख मे घर घर मे बोखार के मरेजी रहल समाचार बाहर अईला के बाद बिहान भईला स्वास्थ्यकर्मी के टोली गाँव मे पुगल रहे । गाँव मे उहे दिन ११ जने के एन्टीजीन परीक्षण कईला पर ७ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

स्वास्थ्यकर्मी के टोली गाँव मे कोरोना से मिलेजुलेवाला लक्षण देखल गईल आ सामान्य आदमीसब करके २५ जने के स्वाब नमुना पीसीआर परीक्षण के खातिर वीरगंज लिआईल रहलन । संक्रमण पुष्टि भईल के घर मे आइसोलेसन रहेके कहल गाँवपालिका के स्वास्थ्य शाखा प्रमुख प्रभेन्द्र साह जानकारी देहनी । ‘समस्या नईखे, हल्का फुल्का बोखार बा त होम आइसोलेसन मे राखल जाई ।’ कहत उ ‘बेसी बोखार आ खोकी बा आ अक्सिजन चाहि त वीरगंज मे पालिका से बनावल आइसोलेसन सेन्टर भा अस्पताल पठावल जाई ।’

गाँव मे कोरोना आ कोरोना से मिलेजुलेवाला लक्षण से आदमीसब मरे लागला के बाद अबगे पालिका गरमाईल बा । पालिका से वीरगंज के एक होटल मे २५ बेड के आइसोलेसन सेन्टर बनवले बा ।

शुक के दिने हि होम आइसोलेसन मे रहेवाला संक्रमित के गाँवपालिका से दवाई भी वितरण कईले बा । संक्रमित के स्वास्थ्य जाँच के बाद जरुरत के आधार मे वितरण कईल स्वास्थ्य शाखा प्रमुख साह बतवनी ।

क्लेभान, एजीथ्रोमाईसिन, डोलोपार, लिभो सिट्राजीन, भिटामिन बी कम्पलेक्स, भिटामीन डी तथा जींक चक्की लगायत के पालिका से खरिद कईल ३ सय किट दवाई पालिका खरिद कईले बा ।

स्थानीय प्रशासन चिलझप्टी मे निषेधाज्ञा के पूर्ण पालना करे करावे खातिर निर्देशन देहले बा । माकिर आदमीसब झुण्ड झुण्ड मे रहल प्रत्यक्षदर्शीलोग बतवले बानी । जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक ओम प्रकाश खनाल स्थानीय प्रहरी युनिट के मोनिटरीङ करेके कहल बतवले बानी ।

पालिका के आउर जगहा मे भी बा समस्या

बियफे के दिने जगरनाथपुर गाँवपालिका– ५ मसिहानी के ८० बरीस के पुरुष के मृत्यु भईल । वीरगंज के नगवा स्थित नेशनल के बाबा होटेल कोरोना अस्पताल मे मृत्यु भईल रहे । बैशाख २० गते अस्पताल भर्ना भईल उनकर बियफे के सबेरे ११ः०९ बजे मृत्यु भईल अस्पताल जनवले बा ।

जगरनाथपुर–३ विजवनिया के ४० बरीस के पुरुष के भी दु दिन अगाडि वीरगंज के एडभान्स अस्पताल मे मृत्यु भईल रहे । स्वास प्रश्वास के मरेजी होके सिकिस्त भईल उनकर पीसीआर परीक्षण के खातिर स्वाब नमुना संकलन कईल रहे । रिपोर्ट पोजेटिभ आईल रहे माकिर रिपोर्ट आवेसे पहिले हि उनकर मृत्यु भईल रहे । गाँवपालिका प्रमुख, उप प्रमुख, वार्ड अध्यक्ष लगायत जनप्रतिनीधिलोग जिम्मेवार ना भईला से गाँव मे एन्टीजीन परीक्षण भी होखे ना सकल आरोप उनकर बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।