भारतीयलोग सशस्त्र पुलीस के पिटला के बाद हवाइ फायर

वीरगंज २५ बैशाख

पर्सा जिल्ला वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १७ अलौं स्थित सीमा नाका मे खटल नेपाली सुरक्षाकर्मी के भारतीय पिटपाट कईले बाडन ।

सीमावर्ती भारतीय गाँव हरैया से आईल ७-८ भारतीय अलौं के सिवानटोल नाका मे खटल सशस्त्र पुलीस जवान बालप्रसाद भारत के पिटपाट कईले बाडन ।

पुलीस जवान उपर पिटपाट करे लागला के बाद उनका सँगे डयुटी मे रहल दोसर सशस्त्र प्रहरी जवान हवाइ फायर कईले रहलन । हवाइफायर कईला के बाद भारतीय भागल रहलन ।

पिटपाट के समय मे भारतीय लासारत सशस्त्र प्रहरी जवान भारती के डरेस भी फरले बाडन । आजु सँझिया करिब ५ बजे के समय मे भारत के हरैया गाँव ओरी से पैदल आरहल एक भारतीय लकडाउन उल्लंघन करके नेपाल घुसेके खोजले रहलन ।

निगरानी के खातिर सिवान टोल नाका मे खटल दु सशस्त्र पुलीस जवान मेसे भारती रोकले रहलन ।

सीमा क्षेत्र मे रोकके झोरा चेकजाँच करेके खोजला के बाद उ भारतीय भागल रहलन ।

उ भारत ओरी गईला के १०-१५ मिनेट के बाद हि हरैया गाँव से आईल ७-८ भारतीय के समूह सशस्त्र पुलीस उपर आक्रमण कईले बाडन । ड्युटी मे रहल जवान उपर आक्रमण भईला के बाद दोसर सशस्त्र प्रहरी जवान फायरिङ कईले रहलन ।

हवाइ फायरिङ कईला के बाद मात्र भारतीय युवा भागल रहलन ।

घटना के खबर मिलला के बाद सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक दिपेन्द्र कुवँर के नेतृत्व मे सशस्त्र पुलीस के टोली आ वडा प्रहरी कार्यालय श्रीपुर के प्रहरी निरीक्षक दिपक साह के नेतृत्व मे नेपाल पुलीस के टोली पुग के स्थिति सामान्य बनवले रहलन ।

आक्रमण करेके खोजला के बाद एक राउण्ड फायर कईल प्रहरी निरिक्षक साह पुष्टि कइनी ।

घटना के बाद घटनास्थल पुगल प्रहरी उपरीक्षक कुवँर भारतीय एसएसबी के चेक प्वाइन्ट मे पुग के एसएसबी के मेजर से छलफल करके फिर्ता भईल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।