शहरी विकास मन्त्री प्रभु साह सवार गाडी के ठोकर से एक जने गम्भिर घायल

मेवालाल यादव
रौतहट १८ पुस,
मन्त्री साह के गाडी पैदलयात्री के ठोकर देके भागल जनावल गईल बा ।
खुद सवार जीप पैदलयात्रु के ठोकर देहला के बाद शहरी विकास मन्त्री प्रभु साह सवार उद्दार कईला के बदले भागल बाडन । मन्त्री सवार गाडी के ठोकर से घायल भईल पैदलयात्री गम्भीर अवस्था मे रहल अस्पताल स्रोत जनवले बा ।
पूर्व–पश्चिम राजमार्ग अन्तर्गत सर्लाही के हरिवन मे मन्त्री साह सवार ना १ झ ३८४२ नम्बर के जीप आजु दिन के ठोकर देहला पर लालबन्दी नगरपालिका–८ के ३० बरीस के बच्चु तामाङ गम्भीर घायल भईल पुलीस जानकारी देहले बा ।
घायल तामाङ के अभी हरिवनस्थित स्वाभिमान अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय सर्लाही के प्रहरी उपरीक्षक सन्तोष सिंह राठौर मन्त्री साह चढल जीप पैदल यात्रु के ठोकर देहल बतवनी ।
मन्त्री साह रौतहट से महोत्तरी के जलेश्वर ओरी जा रहल जीप ठोकर देहल राठौर जानकारी देहनी ।
देश के मन्त्री जईसन जिम्मेवारी मे रहल आदमी दुर्घटना के बाद घायल के उद्धार लगायत मे जुटला के बदले फरार भईल मानवीय संवेदना के उपहास भईल कहत स्थानीय आक्रोशित बनल बाडन ।
एहितरे मन्त्री साह रौतहट से महोत्तरी जाएके समय मे हरिवन चौक मे खुद चढल गाडी से गलती से लडल आ उनका कुछो ना भईला से खुद अगाडि बढल दाबी कईनी ।
एहितरे शहरी विकासमन्त्री प्रभु साह सवार जिप ठोकर देके घायल भईल आदमी के ईलाज खर्च हरिवन नगरपालिका के मेयर गणेश प्रसाई जिम्मा लेहले बाडन ।
घायल हरिवनस्थित स्वाभीमान अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा । उनकर ईलाज खर्च मेयर प्रसाईं जिम्मा लेके ईलाज करा रहल बतावल गईल बा ।






