सामाजिक अभियन्ता कञ्चन झा सुरु कईलें काँग्रेस से राजनीति

वीरगंज ०६ सावन
वीरगंज के सामाजिक अभियन्ता कञ्चन झा नेपाली कांग्रेस मे आवद्ध होके जनता के सेवा मे लागेके उदघोष कईले बानी । झा कउनो तामझाम ना करके मञ्च आ सभा समारोह के परम्परागत शैली तुरत खुद नेपाली कांग्रेस मे प्रवेश कईल एक भिडियो मार्फत सूचित कईले बानी । सामाजिक सञ्जाल फेसबुक मे सार्वजनिक कईल करिब २ मिनेट के भिडिओ मार्फत झा खुद कांग्रेस मे आवद्ध भईल प्रष्ट कईले बानी ।
वीपी स्मृति दिवस के अवसर मे कांग्रेस से जुडल औपचारिक घोषणा कईल झा १५ बरीस से वीरगंज के मुख्य जगहा बनाके अनेकन सामाजिक क्रियाकलाप करत आईल बानी । सामुदायिक संस्था सानो पाइला के संस्थापक भी रहल झा समाजिक विकृति विरुद्ध खर्रो रुप मे उतरल रहलन । उहे चलते समुदाय स्तर मे भी उनकर बढिया प्रभाव बा ।
सामुदायिक हित आ उत्थान के खातिर लागल झा एकरा से पहिले कउनो भी पार्टी मे खुलल ना रहे । वीरगंज महानगर के सम्बोधन करत झा भिडिओमार्फत कहले बाडन, ‘हमनी बीच के विश्वास के उपलब्धिपूर्ण उँचाइ मे पुगावे खातिर जननायक वीपी कोइराला स्मृति दिवस के विशेष दिन मे नेपाली कांग्रेस मार्फत नयाँ यात्रा सुरु कईले बानी ।’ ई भिडिओ देखला पर झा वीरगंज के हि आधार बनाके राजनीति मे अगाडि बढेके चाहल बुझल गईल बा ।
भिडिओ मे झा वीरगंज के सौन्दर्य, सम्भावना, समस्या आ समाधान तथा समुदाय सहभागिता के खास जोड देहले बाडन । शारांस मे, वीरगंजवासी सँगे सामूहिक पाइला चालेके आ भोजपुरीया नगरी वीरगंज के खुसहाल सहर बनावेके झा के अन्तरनिहित चाहना भिडिओ मे व्यक्त कईल बा ।
वीरगंज महानगर मे केन्द्रीत रह के सामुदायिक सशक्तिकरण अभियान के अगुवाई कर रहल झा वीरगंजवासी के समस्या आ चाहना के बारे मे जानकार बाडन । कुलत मे फँसल युवा, बेचबिखन मे परल चेलिबेटि, भूकम्प पिडित, अभिभावकविहीन लईकालइकी के संरक्षण, कोभिड, बाढ पिडित लगायत के प्राकृतिक विपद तथा समस्या मे पडल समुदाय तक तत्काल पुग के समस्या सम्बोधन करे सकेवाला खुबी से झा, दोसर के जलदी प्रभावित करत आईल बाडन । वीरगंज के युवालोग मे भी उनकर बढिया प्रभाव बा ।
१५ बरीस लम्हर समाजसेवा के यात्रा मे झा सञ्चारकर्म के भी प्रमुख माध्यम बनावत आईल बाडन । अलजजीरा, सीजीटीएन लगायत अन्तर्राष्ट्रिय सञ्चारमाध्यम के अनुभव रहल झा काठमाण्डु से प्रकाशित होखेवाला पत्रिकासब मे समसामयिक विषयसब मे स्तम्भ लिखत आईल बाडन ।






