खैरो हेरोइन सहित एक जने पकडईलें

प्रभु यादव

बारा १४ माघ

बारा प्रहरी खैरो हेरोइन सहित एक जने के पकडले बा । वियफे के सझिया के करिब ५ बजे के समय मे प्रहरी चौकी छतवा बारा से खटल प्रहरी टोली खैरो हेरोइन सहित आदमी पकडल प्रहरी प्रवक्ता राजेश थापा जनकारी करावले बा ।

जिल्ला बारा बिश्रामपुर गाँवपालिका वार्ड नं.१ बटम चोक मे भारत से नेपाल के ओर शंकास्पद अवस्था मे आरहल भारत बिहार, जिल्ला मोतिहारी, थाना हरपुर, ग्राम पंचायत हरपुर वार्ड नं.१२ ग्राम रामपुर के रहनियार ३२ बरीस के नबाब हुसेन के पकडल गईल प्रवक्ता थापा जनकारी करावले बानी । पकडाईल हुसेन चलारहल विआर ०५ एपी ६०४६ नम्बर के मो.सा.रोकके चेकजाँच कईला पर मो.सा.के भाइजर के भाग मे लुका छिपा के लेयारहल अवस्था मे २१ ग्राम अवैध लागू औषध खैरो हेरोइन (ब्राउन सुगर) मिलल प्रवक्ता थापा जनकारी करावले बानी ।

हुसेन के लागू औषध मुद्दा मे बारा जिल्ला अदालत से पहिलका बेर १० दिन के म्याद थप कराके बाकी अनुसन्धान के कार्य होरहल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।