नेविसंघ प्रधानमन्त्री आ अख्तियार प्रमुख के वीरगंज मे पुतला जरवलख

वीरगंज २९ माघ,
नेपाली काँग्रेस के भातृ संगठन नेपाल विद्यार्थी संघ पर्सा आजु वीरगंज मे प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली आ अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग के प्रमुख आयुक्त नवीन कुमार घिमिरे के पुतला जरवले बाडन ।
कुछ दिन पहिले बालुवाटार के ललिता निवास के जग्गा प्रकरण मे सरकार नेकपा के नेता के उन्मुक्ति देहल आ अख्तियार लगाके दोसर के राजनीतिक प्रतिशोध के आधार मे बदनियतपूर्ण मुद्दा लगाके फँसावल कहत विरोध स्वरुप संघ वीरगंज मे पुतला जरवले बाडन ।
नेविसंघ के पुर्व केन्द्रिय सदस्य सुधिर पटेल के नेतृत्व मे नगर के अनेकन क्षेत्र से एक साथ निकालल मसाल जुलुस के नियन्त्रण मे लेवे खातिर पर्सा पुलीस लागल रहे । नेविसंघ अख्तियार तथा सरकार विरुद्ध नगर के ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस, आदर्शनगर रोड, माईस्थान लगायत के अनेकन जगहा से एक साथ प्रधानमन्त्री ओली आ अख्तियारके आयुक्त घिमिरे के पुतला जरावत मशाल जुलुश निकलले रहलन ।
जुलुस मे सहभागी विद्यार्थी नेतालोग ओली सरकार आ अख्तियार विरुद्ध नाराबाजी भी कईले रहलन । विरोध के समय मे नेपाली काँग्रेस के नेता राजु गुप्ता, नेबि संघ के पुर्व केन्द्रिय सदस्य ब्रदी नारायण तिवारी, जिल्ला उपाध्यक्ष विकेश पटेल, रुद्र हल्दर, जिल्ला सचिव प्रभात सिंह, अब्दुल कयुम, वीरगंज महानगरपालिका अध्यक्ष विवेक कलवार, ठाराब नेता मुनराज तिवारी, राज चौरसिया, तरुण दल के नेता मिकु सिंह लगायत सयो संख्या मे विद्यार्थी नेतालोग के सहभागिताता रहल रहे ।
अख्यितार ललिता निवास के जग्गा प्रकरण मे नेपाली कांग्रेस के उपसभापति विजयकुमार गच्छदार सहित १७५ जने विरुद्ध विशेष अदालत मे मुद्दा दायर कईले रहे । माकिर, कांग्रेस तत्कालीन प्रधानमन्त्री के उन्मुक्ति देके मन्त्रिपरिषद सदस्य विरुद्ध मुद्दा दर्ता कईल कहत संसद से सडक तक बिरोध प्रदर्शन कईले बा ।
नगर के अनेकन जगहा से निकालल पुतला पुलीस हस्तक्षेप के बावजुद भी नगर परिक्रमा करत घण्टाघर मे पुग के कोणसभा मे परिणत भईल रहे । कोणसभा मे नेबिसंघ के पुर्व केन्द्रिय सदस्य सुधिर पटेल, प्रभात सिंह लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।






