वीरगंज मे रहल अव्यवस्थित तार के व्यवस्थित कईल जाई

वीरगंज २९ माघ,

वीरगंज के आदर्शनगर ग्रिन सिटी मे पोल मे जथाभावी तानल गईल तार के व्यवस्थित करेके जनावल गईल बा । इन्टरनेट प्रदायक संस्था के प्रतिनीधि आ ग्रिन सिटी समुदायिक बीच बुध के दिने भईल बईठक मे तार के व्यवस्थित करेके सहमति भईल बा ।

पहिलका चरण मे लोहरपट्टी चोक से ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस चोक तक के इन्टरनेट तथा टिभी केबल तार के व्यवस्थापन करेके निर्णय सरोकारवाला के बईठक से कईले बा ।

जलदी वीरगंज नगर भर हि तार के व्यवस्थित करेके उलोग के कहनाम बा । निर्णय कार्यान्वयन के खातिर ग्रिनसिटी सामुदायिक सेवा केन्द्र के अध्यक्ष जय प्रकाश खेतान के नेतृत्व मे सरोकारवाला निकाय के प्रतिनिधि सहित ६ सदस्यीय तार व्यवस्थापन समिति भी गठन कईल गईल बा ।

विद्युत के पोल मे जथाभावी तार लगईला पर आगलागी के जोखिम बढल आ सहर भी कुरुप देखल गईल कहत ग्रिनसिटी सामुदायिक विरोध जनावत आईल रहे ।
इन्टरनेट सेवा प्रदायक शनिचर से तार के व्यवस्थित करे खारित सहमति जनावल ग्रिन सिटी सामुदायिक के अध्यक्ष खेतान जानकारी देहनी ।

“इन्टरनेट आ टिभी सेवा प्रदायक जरुरत से बेसी तार विद्युत के पोल मे लटकावेलन, शहर कुरुप मात्र नइखे भईल, कभोकाल पोल मे आगलागी के घटना भी होत आईल बा,” कहत अध्यक्ष खेतान, “ओहिसे व्यवस्थित करे खातिर उलोग के निहोरा कईले रहनी, राजी भी भईल बाडन । शनिचर से हटावल जाई ।”

बईठक मे नेपाल विद्युत प्राधिकारण, भायनेट, वल्र्ड लिंक, क्लासिक टेक, सुबीसु लगायत इन्टरनेट सेवा प्रदायक संस्था के प्रतिनिधिलोग सहभागी रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।