ट्रक दुर्घटना में युवक के मौत, चालक गंभीर घायल 

ट्रक दुर्घटना में युवक के मौत, चालक गंभीर घायल 

वीरगंज, ११ चैत

हेटौंडा से काठमांडू के जोड़ेला कान्ति लोकपथ पर मकवानपुर जिला के बकैया गाउँपालिका-११ स्थित घट्टेपाखा में बुध के बिहान एगो दर्दनाक ट्रक हादसा हो गइल, जहवाँ एक युवक के मौत हो गइल बा आ दुसर आदमी गंभीर रूप से घायल हो गइल बा।

जिला प्रहरी कार्यालय मकवानपुर के अनुसार, एह दुर्घटना में वीरगंज महानगरपालिका-३२ निवासी २० बरिस के संतोष यादव के घटनास्थल परे मौत हो गइल। उहें हादसा में ट्रक चालक ३३ बरिस के कृष्ण गंभीर रूप से घायल हो गइल बाड़े।

बतावल जा रहल बा कि वीरगंज से काठमांडू जात ना८ख ८७६० नंबर के मालवाहक ट्रक बुध के बिहान करीब ३ बजे अनियंत्रित होके दुर्घटनाग्रस्त हो गइल।
घायल चालक के इलाज खातिर अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा, जबकि घटना के बाद इलाका में सनसनी फैल गइल बा। प्रहरी घटना के कारण के बारे में आगे के जांच में जुटल बा।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।