संजुदेवी के हत्या भईल आशंका, परिवार के सदस्य उपर छानबिन सुरु

वीरगंज ३० फागुन,

मेहरारु के हत्या कईल आशंका मे पुलीस एक जने के पकडले बा । वीरगंज महानगरपालिका–२५ सिर्सिया के २५ बरीस के सन्दीप साह पकडाईल बाडन ।
मेहरारु २२ बरीस के संजुदेवी के मृत्यु शंकास्पद देखल गईला के बाद उनका के पुछपाछ के खातिर नियन्त्रण मे लेहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा । सन्दीप के वडा प्रहरी कार्यालय श्रीपुर मे राख के पुछपाछ हो रहल बा ।

बितल बुध के दिने दुहपरिया ओरी संजुदेवी उलटी कईले रहनी । ओकरा बाद उनका के ईलाज के खातिर रक्सौलस्थित डंकन अस्पताल मे लेगईल गईल रहे ।
ईलाज के समय मे उनकर मृत्यु भईल परिवार के दाबी बा । संजु के दाहसंस्कार भी रक्सौल मे कईल उलोग के कहनाम बा । माकिर संजु के माइतीपक्ष संजु के हत्या भईल दाबी कईले बाडन । बुध के दिने के घटना पुलीस बियफे के दिने दिनके मात्र जानकारी मिलल रहे ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक वीरेन्द्र शाही ईलाज आ दाहसंस्कार मे प्रकृयागत गलती देखल गईला से अनुसन्धान सुरु कईल बतवनी ।

“संजु उलटी करे लागला के बाद ईलाज के खातिर डंकन लेगईल कहल बा, जहर पियला पर भी पुलीस के जानकारी करावेके चाहिं,” माकिर उ, “मृत्यु के बाद भी रक्सौल मे दाहसंस्कार भईल बा, प्रकृयागत गलती देखल गईल । अनुसन्धान सुरु कईल गईल बा ।”

एकरा से पहिले पुलीस बियफे के दिने हि संजु के सास आ नन्द के भी नियन्त्रण मे लेहले बा । उलोग के पुछपाछ के खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे राखल गईल बा । सन्दीप के बाबु किशोरी साह, भाइ मन्दीप साह आ भईया भी घर मे नइखन ।
अनुसन्धान के खातिर डंकन अस्पताल से भी जरुरी कागजपत्र मँगावल गईल डीएसपी शाही बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।