वीरगंज मे लागुऔषध सहित रिक्सा चालक पकडईलें

वीरगंज मे लागुऔषध सहित रिक्सा चालक पकडईलें

वीरगंज ०३ माघ

वीरगंज मे पुलीस बहुते परिमाणा मे लागुऔषधसहित एक जने रिक्सा चालक के पकडले बा । लागुओैषध सहित पकडाएवाला मे वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १ छपकैया रहेवाला ५० बरीस के बब्लुलाल कर्ण रहल बाडन ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा से खटल पुलीस टोली वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर ८ पानीटंकीस्थित सडक चेकजाँच करेके समय मे रिक्सा मे पियर रंग के झोरा मे चोरालुका के राखल अवस्था मे लागुऔषध नुरफिन ५ सय एम्पुल, फेनारगन ५ सय एम्पुल आ डाइजेल्याब ५ सय एम्पुल करके १५ सय एम्पुल सहित चालक कर्ण पकडाईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता तथा प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमार विक्रम थापा जानकारी देहनी । लागुऔषध सहित पकडाईल कर्ण के जिल्ला प्रहरी कार्यालय के हिरासत मे राखके लागुऔषध सम्बन्धी कसूर मे आउर अनुसन्धान हो रहल थापा बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।