आयोग के पदाधिकारी १५ दिन बराबर के तलब जम्मा करीहें

काठमाण्डु १५ चईत,
अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग के पदाधिकारी सरकार से स्थापना कईल ‘कोरोना भाइरस सङ्क्रमण रोकथाम, नियन्त्रण तथा उपचार कोष’ मे १५ दिन बराबर के तलब जम्मा करेवाला बा ।
आयोग के प्रवक्ता प्रदीपकुमार कोइराला से आजु जारी कईल विज्ञप्ति मुताविक कोरोना भाइरस के विश्व महामारी के वर्तमान अवस्था मे कोरोना सङ्क्रमण के रोकथाम, नियन्त्रण आ ईलाज के खातिर सहजोग पुगावे खातिर आयोग के प्रमुख आयुक्त नवीनकुमार घिमिरे, आयुक्त डा गणेशराज जोशी आ आयुक्त डा सावित्री थापा गुरुङ आपन १५ दिन बराबर के तलब जम्मा करेके निर्णय कईले बानी ।
उलोग शुरु तलब स्केल के १५ दिन के तबल सरकार से स्थापना कईल कोष मे जम्मा करेके निर्णय कईल बतावल गईल बा । एहितरे आयोग मे कार्यरत सचिव लगायत के कर्मचारी के हक मे नेपाल सरकार के सचिव बईठक के निर्णय मुताविक तलब कोष मे जम्मा करेके निर्णय भईल प्रवक्ता कोइराला जानकारी देहनी ।






