गरीब विपन्न एक सय १३ जने के खाद्यान्न देहल गईल

प्रभु यादव
बारा १९ चईत,
बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ४ मे एक सय १३ जने गरीब विपन्न लोग के खाद्यान्न देहल गईल बा ।
देश मे कोरोना भाईरस से बँचेला कईल गईल लकडाउन के कारण दिनहु काम करके खाएवाला के जीवन मे परल आपत्त से बचेला एक हप्ता पुगे बराबर के समान चाउर, आलु, नुन, दाल, साबुन देहल गईल वार्ड अध्यक्ष जटाशकर सहनी जनकारी देहनी ।
नेपाल सरकार से खाएला ना पुगल लोग के सहजोग करे के कईल गईल के व्यवस्था के आपन वार्ड मे पुगावे के काम कईल गईल बा जवना से आपत्त मे परल लोग के सहजोग मिलल सहनी जानकारी करावले बानी ।
खाद्यान्न बाटेवाला काम मे वार्ड सदस्य मन्तुरी देवी, चन्द्रकाला कुमारी, समाज सेवी बिरेन्द साह, डा. सुशील कुमार साह, लक्षमण यादव, राकेश साह गोढ, अर्जुन ठाकुर सहजोग कईले रहनी ।






