क्वारेन्टिन निर्माण के विषय मे रौतहटमे झडप, प्रहरीद्वारा १२ राउण्ड हवाइ फायर
रौतहट १५ जेठ
रौतहट के कटहरिया नगरपालिका मे क्वारेन्टिन निर्माण करेके विषय मे विवाद उत्पन्न भईला के बाद झडप भईल बा । झडप नियन्त्रण मे लेवे खातिर पुलीस १२ राउन्ड हवाई फायर कईले बा ।
कटहरिया नगरपालिका वार्ड नं १ भसेडवा के भसेडवा माध्यमिक विद्यालय मे क्वारेन्टिन निर्माण करे लागला पर स्थानीय से विवाद होके झडप भईल बा ।
घना बस्ती से जुडल विद्यालय मे क्वारेन्टिन राखे ना देवेके कहत स्थानीय ईटापाथल चलवले रहलन ।
झडप मे परके प्रहरी सहायक निरीक्षक हिरालाल साह के मुडि फुटल बा । प्रदर्शनकारी के पथल से घायल भईल उनका के ईलाज के खातिर गरुडा लियावल गईल बा ।
स्थानीय सँगे के विवाद उग्र रुप लेके झडप मे परिणत भईला के बाद स्थिति नियन्त्रण मे लेवे खातिर हवाई फायर करेके पडल जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट के उपरिक्षक रविराज खड्का बतवनी ।
कटहरिया ५ के जनता माध्यमिक विद्यालय मे रहल एकमात्र क्वारेन्टिन मे दु सय से बेसी आदमी भईला के बाद नगरपालिका दोसर जगहा मे भी क्वारेन्टिन निर्माण करेके खोजल गईल बा ।





