हुलाकी सडक आयोजना प्रमुख से ठुटेखोला पुल के जलदी निकास खोजे खातिर ठोरीवासी के निहोरा

वीरगंज २३ जेठ,
पर्सा जिल्ला के ठोरी गाँवपालिकास्थित ठुटे खोला के पुल विवाद के बीच सञ्चालन मे लियावल गईल बा । स्थानीय हि जागरुक होके कुलो भरके अस्थायी रुप मे पुल सञ्चालन मे लिआईल बाडन ।
सीमावर्ती भारत के भिखनाठोरी मे सिञ्चाई के खातिर पानी लेजाएवाला एगो कुलो भरके स्थानीय पुल सञ्चालन मे लिआईल रहलन ।
पुल सञ्चालन मे ना अईला पर वर्षात मे सदरमुकाम वीरगंज सँगे के सडक सम्पर्क टुटेवाला भईला से ठोरी १ आ २ नम्बर वार्ड के बासिन्दा से समस्या भोगेके पड रहल उलोग के सिकाईत बा ।
जेठ १० गते ठोरी गाँवपालिका वार्ड नं १, २ आ ३ के जनप्रतिनिधि तथा अगुवालोग बईठक बईठ के ठुटेखोला मे पुल सञ्चालन के विकल्प खोजले रहलन ।
उलोग पुल के पूर्वओरी तीन गो कुलो रहला मे २ गो मे कल्भर्ट निर्माण करके पुल सञ्चालन मे लियावे के निर्णय कईले बाडन ।
निर्णय भईल मुताविक जेठ १४ गते पुल सँगे जुडल भारत ओरी लेजाएवाला एगो कुलो भरके पुल सञ्चालन मे लियावल गईल रहे ।
ओकर बिहान भईला हथियार सहित आईल भारतीय सुरक्षा फौज नेपाली भूमि मे प्रवेश करके भारतीय नागरिक से भरल कुलो खोनेके प्रयास कईले रहलन ।
माकिर स्थानीय से प्रतिकार कईला के बाद उलोग कुलो ना खोन के फिर्ता भईल रहलन ।
पुल सञ्चालन मे लियावे के समय मे भईल विवाद के बारे मे स्थलगत जानकारी लेवे खातिर हुलाकी सडक आयोजना के टोली शुक के दिने ठोरी पुगल बा ।
आयोजना के वीरगंजस्थित कार्यालय के प्रमुख दीपेन्द्र पाण्डे सहित के टोली स्थलत अवलोकन कईले बा । टोली के स्थानीय पुल सञ्चालन के खातिर दीर्घकालीन निकास खोजे खातिर निहोरा कईले बाडन ।
पुल सञ्चालन मे लियावे खातिर तत्काल काम अगाडि ना बढवला पर सभी कुलो पुरेके मनस्थिति मे स्थानीय बाडन ।
दसगजा क्षेत्र छोड के नेपाली भूमि मे बनल पुल सञ्चालन करेके खोजला पर भी भारतीय पक्ष दुःख देहल उलोग बतवले बाडन ।,
आयोजना प्रमुख सहित के टोली ठोरी अईला के उद्देश्य का ह ? कहत उलोग जिज्ञासा रखलले रहलन ।
पुल सञ्चालन मे लियावे के खोजला पर भारतीय पक्ष से भईल अवरोध आ पुल क्षेत्र के अवस्था के बारे मे आयोजना प्रमुख के जानकारी करावल ठोरी–२ के वार्ड अध्यक्ष किशोर तामाङ बतवनी ।
“पहिलका बात हमनी उनका के काहे ठोरी आईल बानी ? कहके पुछनी, कुलो पुरला के चलते विवाद भईल कहके सुनके स्थलगत अनुगमन के खातिर आईल बानी कहके बतवनी,” कहत वार्ड अध्यक्ष तामाङ, “स्थलगत बस्तुस्थिति जईसन बा ओइसने रिपोर्ट पठाई, कईसे जलदी काम अगाडि बढावल जा सकता आ दिगो निकास देहल जा सकता कहके पहल करे खातिर कहले बानी ।”
उ खुदबस एगो कुलो मात्र भरल आ भारतीय पक्ष के जेतना पानी चाहिं, ओतना लेजाए खातिर कहल बतवनी ।
“स्थानीय स्तर मे भईल अनौपचारिक बातचीत मे भारतीय पक्ष भी हमनी के निर्णय प्रति सकारात्मक बानी,” कहत तामाङ, “कुटनीतिक तह से भी ई बात सम्बन्धित जगहा मे पुगेके पडि ।”
भिखनाठोरी के मुखिया राम बिहारी महतो लगायत कुछ कुलो मे पानी लियावे खातिर खोला मे पक्की बाँध बनावे के अडान राखत आईल बाडन ।
हुलाकी सडक आयोजना के अधिकारीलोग विवाद के बारे मे बुझे खातिर मात्र स्थलगत अवलोकन मे आईल बतवले बाडन ।
उलोग सीमा क्षेत्र के विवाद भईला से कुटनीतिक तह से मात्र समस्या के समाधान होखे सकेके बिचार रखनी ।
ठोरी क्षेत्र मे हुलाकी सडक बनावे के जिम्मा मिलल बानियाँ निर्माण कम्पनीका प्रतिनिधि उद्धव न्यौपाने कल्भर्ट कईसन आ केतना बडका बनावे के कहके पत्र ना आवे तक काम सुरु करेमे समस्या रहल बतवनी ।
“आयोजना प्रमुख इहाँ के बस्तुस्थिति के बारे मे विभाग मे रिपोर्टिङ कईल जाईं, ओकरा बाद ओने से का निर्देशन आई जानकारी कराएम, अपने काम करत जाई कहले रहनी,” कहत उ, “हम भारत ओरी से अवरोध आरहल बा, पुल ओरी काम करे खातिर कउन साइज के कल्भर्ट बनावे के कहके अन्यौल बा ।
कल्भर्ट के साइज लगायत के विषय मे टुंगो ना लागे तक काम करे ना सकल जाई कहके बतवले बानी ।”






