जय महावीर कृषि सहकारी के अध्यक्ष साह से अनियमित्ता कईल आरोप

वीरगंज १७ कातिक
पर्सा के सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नम्बर ६ लखनपुरस्थित जय महावीर कृषि सहकारी संस्था लिमिटेड के अध्यक्ष शिवकुमार साह तेली आर्थिक चलखेल के साथे कागजमे साधारसभा करावे के लगायल अनियमित्ता कईल संस्था के पूर्व उपाध्यक्ष साहेव साह तेली आ पूर्व कोषाध्यक्ष होसीलाल प्रसाद तेली कारवाही करेके माग कईले बाडन ।
उलोग अध्यक्ष साह विरुद्ध कारवाही करे खातिर सखुवाप्रसौनि गाँवपालिका के कार्यालय, सहकारी विभाग, राष्ट्रिय सहकारी महासंघ नेपाल, भुमि व्यवस्था सहकारी तथा गरिवि निवारण मन्त्रालय सिँहदरवार आ भुमि व्यवस्था कृषि तथा सहकारी मन्त्रालय प्रदेश नम्बर २ मे उजुरी देहले बाडन ।
अध्यक्ष आह हरेक बरीस कागज मे साधारण सभा करावेके, शेयर सदस्यलोग के भी जानकारी ना देके किर्ते सही करेके, शेयर के बोनस वितरण ना करेके लगायत के अनियमित्ता तथा सहकारी ऐन विपरित के कामसब कईल उलोग के आरोप रहल बा ।
अनियमित्ता के विषय मे स्पष्टिकरण माग कईला पर साह धम्कीपूर्ण अभिव्यक्ति देहल साहेब आ होसिलाल बतवनी ।
‘अनियमितता कईले बानी, हमनी से माग कईल विवरणसब उपलब्ध कराई कहके हमनी माग कईला पर अध्यक्ष साह हमनी के आपन राजनीतिक पहुँच के धाक देखावत धम्कि देवेलन,’ साहेब साह तेली कहनी ।
साह जिल्ला कृषि सहकारी संघ पर्सा के अध्यक्ष भी बाडन । जनता समाजवादी पार्टी से निकट रहल उ आपन पहुँच आ राजनीतिक चिनजान के चलते धम्कि देत आईल साहेब बतवनी ।
उजुरीकर्तालोग ८ बरीस तक के साधारण सभा के माइनेटिङ्ग, शेयर सदस्यलोग के शेयर रकम के विवरण, ४ बरीस तक के बैंक खाता के स्टेटमेन्ट आ खाता धारी के नाम लगायत के विवरण भी चेकजाँच करेके माग कईले बाडन ।
एने अध्यक्ष शिवकुमार साह हम कउनो किसिम के अनियमित्ता नइखे कईले कहके बतवले बानी । हम गाँव घर मे कृषकलोग के खातिर बढिया काम कईला पर कुछलोग के ना पचला से राजनीतिक रिसिवी निकाले खातिर हमरा उपर आरोप लगावल साह बतवनी ।
साह साधारणसभा नियमित रुप से सभी के उपस्थिति मे भईल दावी करत, ‘उलोग हमरा से कउनो सूचना माग नइखी कईले । माँगला पर सभी सूचना उपलब्ध कराएम कहके बतवनी ।’






