कलैया उमनपा के बजेट १ अरब ३० करोड ९९ लाख १७ हजार

प्रभु यादव
बारा १० असाढ
कलैया उपमहानगरपालिका पाँच वाँ नगरसभा मे १ अरब ३० करोड ९९ लाख १७ हजार सात सय ६९ के निति तथा कार्जक्रम अन्र्तगत बजेट प्रस्तुत भईल बा ।
नगर सभा के उदघाटन मेयर राजेश राय यादव आ उपमेयर रहिमा खातुन संयुक्त रुप मे कईले रहनी ।
उपमेयर खातुन आर्थिक बरीस २०७७÷०७८ के खातिर चालु ओरी २१ करोड ९६ लाख ३६ हजार ८ सय आ पुँजिगत ओरी ५९ करोड ३ लाख ८० हजार ९ सय ६९ करके १ अरब ३० करोड ९९ लाख १७ हजार सात सय ६९ के बजेट बिनियोजन कईले बा ।
निति तथा कार्जक्रम मे उपमहानगरपालिका क्षेत्र मे जनानी, लईकालईकी, आदिबासी, जनजाती आर्थिक तथा सामाजिक रुप मे पिछडल वर्ग तथा क्षेत्र जेष्ठ नागरिक, दलित, मधेशी, मुस्लिम तथा पिछडा वर्ग लैङ्गिक अल्पसंख्यक आदि के विकास संगे शिक्षा, स्वास्थ्य, कृषि आ कोभिड नियन्त्रण तिर के बेसी केन्द्रित रहल बा ।
समृद्ध कलैया के अवधारणा के सकार करे खातिर महानगरिय परिकल्पना के साथ अल्पकालिन तथा दिर्घकालिन विकास के योजनासब अगाडी बढावेके जनावल गईल बा ।
सामाजिक आर्थिक तथा भौतिक पुर्वाधार के विकास उपमहानगरपालिका पशु पालन मे अधारित रहला से कृषि के माध्यम से आयआर्जन एवं स्वरोजगार के खातिर विशेष प्राथमिक्ता के साथ कार्जक्रमसब संचालन कईल जाई ।
हरेक वार्ड मे कृषक के २ बरीस तक १० हजार के दर से अनुदानदिन के खातिर अनुदान कोष के ब्यवस्था कईल बा।
नगर प्रमुख यादव के सभापतित्व मे भईल नगरसभा मे वार्ड अध्यक्षलोग, कार्यपालिका सदस्य, वार्ड सदस्य, प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत, कर्मचारी, संचारकर्मी, समाजसेवी बुद्धिजिवि लगायत के सहभागिता रहल रहे ।





