प्रेम सम्बन्ध के चलते युवक के हत्या, ७ जने पकडईलें

रौतहट ४ भादो
रौतहट मे घेँट रेत के एक युवक के हत्या कईल आरोप मे पुलीस सात जने के पकडले बा । बितल सावन ३२ गते गरुडा नगरपालिका–८ जिगंडवा मे २० बरीस के निरञ्जन राम के घेँट रेत के हत्या भईल रहे ।
पुलीस के अनुसन्धान मुताविक गरुडा के एक फलफुल नर्सरी मे काम करेवाला राम के उनकर पडोसीलोग हत्या कईल खुलल बा ।
आपन टोल के अन्तरजातीय युवती से प्रेम सम्बन्ध रहल जानकारी मिलला के बाद उलोग राम के हत्या कईल पुलीस के कहनाम बा ।
अनुसन्धान के समय मे स्थानीय २२ बरीस के युवक शेख आजाद राम सँगे आपन परिवार के युवती बीच प्रेम सम्बन्ध रहल जानकारी मिलला के बाद साथीलोग के सहजोग मे राम के हत्या कईल मिलला से इलाका प्रहरी कार्यालय गरुडा के डीएसपी ज्ञानकुमार महतो बतवनी ।
आपन परिवार के जनानी सदस्य के राम सँगे देखला के बाद हत्या के योजना बनावल देखल गईल बा” कहत डीएसपी महतो, ‘पकडाईल शेख आजाद चार दिन पहिले योजना बनाके आपन साथीलोग के सहजोग मे चोख हथियार से घेँट रेतके हत्या कईल देखल गईल बा ।”
अनुसन्धान के समय मे फलफूल नर्सरी मे काम कर रहल राम के जन्मदिन के भोज खुवावे के कहत बहुते दारु पिया के बन्धक बनाके बस्ती से तीन सय मिटर दुर के जगहा मे लेजाके चोख हथियार से घेँट रेत के हत्या कईल खुलल उ बतवनी ।
हत्या मे सँलग्न रहल आरोप मे पुलीस शेख आजाद, अजयकुमार रन्जन, विवेक राय यादव, अर्जुन राम, सिकेन्द्र पासवान, बिजय महरा के पकड के कर्तव्य ज्यान मुद्दा मे म्याद थप करके अनुसन्धान अगाडि बढवले बा ।






