कलैया वार्ड नं. १६ के कार्यालय मे तालाबन्दी

बारा २० कुवार
वार्ड विकास सुधार समिति आजु कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नं. १६ वार्ड कार्यालय मे वार्डवासी तालाबन्दी कईले बाडन ।
उ समिति ११ सुत्रिय माग सहित सम्बन्धित सरोकारवाला निकाय मे दु बेर ज्ञापन पत्र देत आईला मे कउनो सुनुवाई ना भईला के बाद आजु तालाबन्दी कईले बाडन ।
हमनी दु बेर तक सम्बन्धित निकाय मे वार्ड कार्यालय मे वार्ड अध्यक्ष के नियमित उपस्थिति तथा वार्ड के सभी कामसब नियमित रुप मे संचालन सहित के अनेकन माग राखत ज्ञापन पत्र देत ध्यानाकर्षण करावल गईल रहे ।
सम्बन्धित पक्ष से कउनो भी वास्ता ना कईल तथा कार्यालय मे नियमित रुप मे उपस्थिति भी ना भईला से वार्डबासी समस्या मे पडला पर वार्ड कार्यालय मे तालाबन्दी कईल समिति के अध्यक्ष अनिल कुशवाहा जानकारी करवनी ।
समिति के अध्यक्ष अनिल कुशवाहा के नेतृत्व मे रहल एगो टोली वार्ड के कार्यालय कलैया उमनपा १६ मे तालाबन्दी कईले बा ।
बारा जिल्ला के कलैया उप महानगरपालिका वार्ड नं. १६ के वार्ड अध्यक्ष शेषनाथ साह निर्वाचित भईल तीन बरीस के कार्यकाल बितला पर भी मुस्किल से ३ दिन भी वार्ड कार्यालय मे पूरा समय उपस्थित होके राज्य सरकार से लेहल लक्ष्य तथा खुद चुनाव मे कईल वाचा मुताविक कामसब ना कईला मे वार्ड विकास सुधार समिति के गम्भीर ध्यानाकार्षण भईल विज्ञप्ति मे उल्लेख बा ।
कार्यालय समय मे खुद उपस्थित ना होके व्यक्तिगत कामकाज मे व्यस्त रहेवाला वार्ड अध्यक्ष सेवाग्रही के समस्या मे पाडल स्थानियलोग सिकाईत कईले बाडन ।
कार्यालय मे ना रहेके, जनता के सेवा, सिफारिश, विकास निर्माण के काम मे मनमौजी तानाशाही प्रवृत्ति से समिति बनाके आपन लगेके आदमीसब के ठेक्का देवेके, काम करेके जईसन कामसब कईल सिकाईत बढत गईला से तालाबन्दी कईल स्थानिय तथा समिति के सदस्य लक्षमी कुशवाहा बतवनी ।
उपर उल्लेखित हमनी के मागसब के वार्ड अध्यक्ष लगायत सम्बन्धीत निकाय से जलदी कार्यान्ववन ना कईला पर आवेवाला दिन मे आउर शसक्त रूप मे अन्दोलन के कार्जक्रमसब करेके समिति के सदस्य कलामेदिन अंसारी बतवनी ।
तालाबन्दी मे वार्डबासी विनोद कुमार यादव, कलामोदिन अंसारी, जितेन्द्र कुमार यादव, धनेश्वर कुमार राम, राजकिशोर कुशवाहा, ज्ञान प्रकाश ठाकुर, चन्दन राम, पवन कुमार कुशवाहा, प्रवेश कुमार कुशवाहा, बृजकिशोर ठाकुर, अजय कुमार राम, रविरन्जन कुमार राम, रविन्द्र कुमार राम, अरविन्द कुमार राम, जेनिश मेहरा, हरिओम कुशवाहा, बैजनाथ राम लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






