बारा के कोरोना संक्रमित जनानी के वीरगंज मे मृत्यु

बारा २२ अगहन

बारा के एक जने कोरोना संक्रमित जनानी के वीरगंज मे मृत्यु भईल बा । बारा के जितपुरसिमरा उपमहानगरपालिका–४ औराह रहेवाला ७१ बरीस के धनकुमारी सुनुवार के मृत्यु भईल बा ।

अगहन १४ गते दम के समस्या अईला के बाद उनका के वीरगंज स्थित बयोधा अस्पताल मे लेगईल रहे । बयोधा मे स्वाब संकलन करके अगहन १६ गते पीसीआर टेष्ट कईला पर रिपोर्ट पोजेटिभ आईल रहे । ओकरा बाद उनका के नेसनल मेडिकल से सञ्चालन कईल बाबा होटल के आइसोलेसन मे राखल गईल रहे । सोमार के सबेरे पौने ६ बजे ईलाज के समय मे मृत्यु भईल आइसोलेसन के डाक्टर ओमप्रकाश जानकारी देहनी ।

‘घुमफिर करे ना सकेके समस्या सँगे किड्नी आ हाइपरटेन्सन भी रहे,’ कहत उ, ‘आइसोलेसन मे अईला पर कोभिड निमोनिया भी रहे । आईसीयू मे राख के ईलाज करत रहनी । ४ दिन भेन्टिलेटर मे भी राखल गईल । जेतना कोशिस कईला पर भी बचावे ना सकल गईल ।’

बाबा आइसोलेसन मे ५ जने गम्भीर अवस्था के संक्रमित बाडन । जउना मेसे २ जने के भेन्टिलेटर मे राखल डाक्टर ओमप्रकाश जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।