वृन्दावन नगरपालिका नियम बिपरित कउनो काम नइखे कईले : मेयर यादव

मेवालाल यादव
रौतहट २३ पुस
रौतहट जिल्ला के उत्तरी भेग मे रहल वृन्दावन नगरपालिका के मेयर रामस्नेही राय यादव हमनी के नगर के विपक्षी दल के नेतालोग हमर चरीत्र हत्या करके जनता के भ्रमित करेके खोजल सिकाईत कईले बानी ।
वितल कुछ दिन से सामाजिक संजाल आ कुछ सन्चार माध्यम मे भी वृन्दावन नगरपालिका आ मेयर के नाम जोड के भ्रामक समाचारसब प्रकाशन प्रशारण कईल उपर गम्भीर ध्यानाकर्षण भईल मेयर राम मस्नेही राय यादव पत्रकार सम्मेलन करके बतवनी ।
वृन्दावन नगरपालिका अन्तर्गत रहल बाग्मती खोला के मटियार घाट से बालु गिट्टी निकासी सम्बन्धि रौताहारहिम ढुङगा–ठोकेर रकन्काई जेभी के गैरकानुनी रुप मे ठेक्का देहल आ राजस्व हिनामिना भईल सम्बन्धि आरोप षड्यन्त्ररुप मे नगरप्रमुख के व्यक्तिगत चरित्र हत्या करेके मनसाय से लगावल हमनी के ठहर बा । अईसन भ्रामक खबरसब के औचित्य पुष्टि के कउनो आधार भी ना रहल बतवनी ।
मिति २०७७ साल कुवार १३ के भौतिक पूर्वाधार तथा यातायात मन्त्रालय रेल बिभागक च.न.३५६ पत्र के आधार मे वृन्दावम नगरपालिका के मिति २०७७ कुवार २५ के बईठक के निर्णय नम्बर ६ मुताविक, साथे नदीजन्य खानिज जन्य पदार्थ जिल्ला अनुगमन समिती रौतहट के मिति २०७७÷०७÷०४ गते के निर्णय नम्बर २ मुताविक नदीजन्य तथा खानिजन्य प्रदार्थ उत्खनन विक्री तथा व्यवस्थापन सम्बन्धि मापदण्ड २०७७ के दफा १२ के उपदफा १ आ २ बमोजिम प्राथमिकता प्राप्त आयोजना पूवपश्चिम रेल निर्माण के हक मे शुल्क लेके ५० हजार घन मिटर निकासी के अनुमती देवेके निर्णय भईल बतवनी ।
उहे निर्णय मुताविक अभी तक जम्मा ३५ हजार घन मिटर निकासी भईला से वृन्दावन नगरपालिका के क्षेत्र भितर से ओकरा बाहेब आउर कउनो निकासी ना भईल प्रष्ट करत कापोलकल्पित रुप मे सत्यतथ्य ना बुझ के तथा समाचार मे नगरपालिका के प्रतिक्रिया भी ना राख के प्रशारण प्रकाशान कईला मे दुःख सुनवनी ।
पालिका गठन होखे से पहिले एवं बितल बरीस तक ई क्षेत्र मे पडेवाला नदीजन्य पदार्थ वृन्दावन नगरपालिका आपन राजश्व संकलन करे ना सकल रहे माकिर हम जितला के बाद अनेकन दल के नेताकार्यकर्तालोग षड्यन्त्र करके दु बरीस उ काम के राजश्व संकलन अवरोध कईल लोग ई बरीस भी नगरपालिका से राजश्व संकलन करत अईला मे विपक्षी नगरपालिका आ हमर चरित्र हत्या के कईल प्रयास असफल रहल उ बतवनी ।
लोकतान्त्रिक व्यवस्था राजनीतिक विरोध भईल स्वभाविक ह माकिर जनता से जोडल फायदा के लेके केहु से राजनीतिक ना करेके चाहिं कहके पत्रकार सम्मेलन मे देहल प्रेस विज्ञप्ति मे उल्लेख बा ।






