प्रदेश सांसद यादव के पहल मे बौद्धिमाई मे २ करोड के बिकास

मेवालाल यादव
रौतहट २७ पुस
बौद्धिमाई नगरपालिका के वार्ड नं. ३ आ ४ के बीच मे पडेवाला इनरवारी ज्युताहि मे २ करोड़ लागत के स्टेज बोरिंग जडान काम सुनिश्चित भईल बा ।
रौतहट निर्वाचन क्षेत्र नं. २ “ख” बिधानसभा के निर्वाचित सदस्य प्रदेश सांसद रामकिशोर यादव उर्फ किशोरी यादव के पहल मे सर्लाही सिचाई योजना के आयोजना तथा प्रदेश नं. २ के सहजोग मे बौद्धिमाई नपा मे स्टेज बोरिंग जडान काम सुरु भईल बा ।
आजु एक समुह बीच बोरिंग जडान के खातिर प्रदेश सांसद यादव आ नगर प्रमुख राजीव रंजन यादव लगायत स्थानीय भद्रभलादमी के रोहबर मे जमिन छनोट काम पुरा भईल बा ।
बौद्धिमाई नगरपालिका के नगर प्रमुख राजीव रंजन यादव के सक्रियता मे बोरिंग जडान काम इहे पुस २६ गते से सुरू र्भल बा ।
बोरिंग जडान से नपा के दु गो वार्ड के सयो किसान तथा पचासो बिगहा जमिन मे हो रहल पानी के कमी समाप्त होखेके प्रदेश सांसद यादव बिश्वास रखले बानी ।
बितल दिन मे किसानलोग पानी के कमी भोगत आ रहल समस्या के ध्यान मे राख के सभी किसान के पीडा के सकेभर कम करेके उद्देश्य लेके लागल आ आवेवाला समय मे किसान के पडल समय मे सहजोग करे खातिर हरदम तइयार रहल बौद्धिमाई नपा के नगर प्रमुख राजीव रंजन यादव बतवनी ।





